[the_ad_group id="30365"]

एनआईटी पटना में आइल बा भर्ती, प्रोफेसर के 85 पद के बहाली

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

नेशनल इंस्टीट्यूट ऑफ टेक्नोलॉजी (एनआईटी, पटना) में प्रोफेसर, एसोसिएट प्रोफेसर के पद खातिर नौकरी के मौका आ गइल बा. इ नोटिस नेशनल इंस्टीट्यूट ऑफ टेक्नोलॉजी पटना के आधिकारिक वेबसाइट पोर्टल प जारी कईल गईल बा। एह में कुल 85 गो पद पर बहाली भइल बा. इच्छुक आ पात्र उम्मीदवार प्रकाशित अधिसूचना के पूरा पढ़ के अपना पात्रता का हिसाब से आवेदन करसु. इच्छुक आ पात्र उम्मीदवार नेशनल इंस्टीट्यूट ऑफ टेक्नोलॉजी पटना के आधिकारिक वेबसाइट http://www.nitp.ac.in/ के माध्यम से ऑनलाइन आवेदन कर सकेलें।

पोस्ट के विवरण

नेशनल इंस्टीट्यूट ऑफ टेक्नोलॉजी पटना प्रोफेसर, एसोसिएट प्रोफेसर समेत 85 पद पर बहाली खातिर आवेदन बोलवले बा. जवना में यूआर 19 पद, ईडब्ल्यूएस 2 पद, अनुसूचित जाति 14 पद, अनुसूचित जनजाति 17 पद, ओबीसी 33 पद।
योग्यता

एह पदन खातिर आवेदन करे खातिर उम्मीदवारन के पात्रता पदन का हिसाब से अलग अलग तरह से तय कइल गइल बा. एह बारे में पूरा जानकारी रउरा नोटिस से मिल सकेला.

चयन प्रक्रिया

राष्ट्रीय प्रौद्योगिकी संस्थान पटना के एह पदन पर उम्मीदवारन के चयन योग्यता आ साक्षात्कार का आधार पर कइल जाई.

नेशनल इंस्टीट्यूट ऑफ टेक्नोलॉजी पटना के एह सगरी रिक्त पदन के भरला खातिर कवनो आवेदन शुल्क ना देबे के पड़ी.

महत्वपूर्ण तारीख के बा

ऑनलाइन आवेदन जमा करे के तारीख : 25.05.2022
ऑनलाइन आवेदन जमा करे के आखिरी तारीख 10.06.2022

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]