[the_ad_group id="30365"]

Womens Asia Cup 2024: एशिया कप खातिर बीसीसीआई कइलस 15 सदस्यीय टीम के घोषणा, एह खिलाड़ियन के मिलल जगह

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

श्रीलंका के मेजबानी में होखे जा रहल महिला एशिया कप 2024 खातिर सनीचर के भारतीय क्रिकेट कंट्रोल बोर्ड (बीसीसीआई) 15 सदस्यीय टीम के घोषणा कs देलस। भारतीय टीम एह टूर्नामेंट में हरमनप्रीत कौर के अगुवाई में खेलत नजर आई। ओहिजा, स्मृति मंधाना के उप-कप्तान बनावल गइल बा।

19 जुलाई से सुरू होखे वाला टूर्नामेंट खातिर भारतीय टीम में शेफाली वर्मा, दीप्ति शर्मा, जेमिमा रोड्रिग्स, ऋचा घोष (विकेटकीपर) जइसन स्टार महिला खिलाड़ियन के सामिल कइल गइल बा। ओहिजा, मुख्य टीम के 15 खिलाड़ियन के अलावा श्वेता सहरावत, साइका इशाक, तनुजा कंवर आ मेघना सिंह के रिजर्व खिलाड़ियन के तौर पs सामिल कइल गइल बा।

 

भारत के टूर्नामेंट के ग्रुप ए में रखल गइल बा। जेमे चिर प्रतिद्वंद्वी पाकिस्तान, संयुक्त अरब अमीरात आ नेपाल सामिल बा। भारत आपन पहिला मैच 19 जुलाई के पाकिस्तान के खिलाफ खेली। एकरा बाद हरमनप्रीत कौर के अगुवाई वाली टीम 21 जुलाई के संयुक्त अरब अमीरात से भिड़ी आ ओकरा बाद टूर्नामेंट के ग्रुप चरण में 23 जुलाई के नेपाल से भिड़ी।

एशिया कप 2024 के लिए भारतीय टीम: हरमनप्रीत कौर (कप्तान), स्मृति मंधाना (उपकप्तान), शेफाली वर्मा, दीप्ति शर्मा, जेमिमा रोड्रिग्स, ऋचा घोष (विकेटकीपर), उमा छेत्री (विकेटकीपर), पूजा वस्त्रकार, अरुंधति रेड्डी, रेणुका सिंह ठाकुर, दयालन हेमलता, आशा शोभना, राधा यादव, श्रेयंका पाटिल और सजना सजीवन।

रिजर्व: श्वेता सहरावत, साइका इशाक, तनुजा कंवर और मेघना सिंह।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]