[the_ad_group id="30365"]

हरमनप्रीत कौर रचली इतिहास, महिला टी20 में ऐतिहासिक कारनामा करे वाली बनली दुनिया के तीसरका खिलाड़ी

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

Harmanpreet Kaur created history: हरमनप्रीत कौर इतिहास रच देले बाड़ी। उऽ महिला टी20 इंटरनेशनल क्रिकेट में सर्वाधिक रन बनावे वाली दुनिया के तीसरकी बल्लेबाज बन गइल बाड़ी।

भारतीय महिला टीम के कप्तान हरमनप्रीत कौर इतिहास रच देले बाड़ी। दरअसल, भारत आ दक्षिण अफ्रीका महिला क्रिकेट टीम के बीच जारी तीन मैचन के टी20 सीरीज के पहिला मोकाबला 5 जुलाई के चेन्नई में खेलल गइल। एह मैच में जरुर भारतीय टीम के शिकस्त के सामना करे के पड़ल, बाकिर हरमनप्रीत कौर एगो खास उपलब्धि हासिल करे में कामयाब रहली। वह महिला टी20 इंटरनेशनल क्रिकेट में सर्वाधिक रन बनावे वाली तीसरकी खिलाड़ी बन गइल बाड़ी।

दक्षिण अफ्रीका के खिलाफ के मैच से पहिले हरमनप्रीत कौर महिला टी20 इंटरनेशनल क्रिकेट में सर्वाधिक रन बनावे के मामला में चौथा स्थान पs काबिज रहली, बाकिर मैच जब समाप्त भइल तऽ उऽ वेस्टइंडीज के महिला खिलाड़ी स्टेफनी टेलर के पछाड़त तीसरा स्थान पs पहुंच चुकल बाड़ी।

स्टेफनी टेलर अपना टीम खातिर महिला टी20 इंटरनेशनल क्रिकेट में अबतक 121 मुकाबला में शिरकत कइले बाड़ी। एही बीच उनका बल्ला से 118 पारियन में 35.13 ले औसत से 3338 रन निकलल बा। टेलर के नांवे क्रिकेट के सबसे छोटे प्रारूप में 22 अर्धशतक दर्ज बा।

उहे काल्ह के मोकाबला के बाद हरमनप्रीत कौर के नाम महिला टी20 इंटरनेशनल क्रिकेट में 3344 रन हो गइल बा। उऽ देश खातिर क्रिकेट के सबसे छोट प्रारूप में 167 मैच खेलले बाड़ी। ई रन उनका बल्ला से 27.86 के औसत से आइल बा। कौर के नांवे महिला टी20 इंटरनेशनल क्रिकेट में 1 शतक आ 11 अर्धशतक दर्ज बा।

महिला टी20 इंटरनेशनल क्रिकेट में सबसे बीस रन बनावे के मामला में टॉप पs न्यूजीलैंड महिला क्रिकेट टीम के धाकड़ बल्लेबाज सूजी बेट्स काबिज बाड़ी। उऽ अपना टीम खातिर 157 मैच खेलत 154 पारियम में 29.79 के औसत से 4231 रन बनवले बाड़ी।

दूसरे स्थान पs ऑस्ट्रेलियाई महिला टीम के पूर्व कप्तान मेग लैनिंग के नांव आवेला। उऽ 132 मैच खेलत 121 पारियन में 36.61 के औसत से 3405 रन बनवले बाड़ी।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]