[the_ad_group id="30365"]

आधार कार्ड में अपडेट कर लीं ई जानकारी ना तs ना मिली सरकारी योजनन के लाभ

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

UIDAI Guideline For Aadhaar Update: जदि राउर आधार कार्ड अपडेट नइखे तs जल्दी से अपडेट करा ली ना तs रउआ सरकारी योजनन के लाभ लेवे से वंचित रह जायेम। यूनिक आइडेंटिफिकेशन अथॉरिटी ऑफ इंडिया माने UIDAI आधार कार्ड के लेके एगो अलर्ट जारी करत कहलस कि जदि रउआ कवनो सरकारी भा गैर सरकारी योजना के लाभ मिलत बा तs ओकरा के जारी रखे खातिर आधार कार्ड में POI आ POA हमेशा अपडेटेड रखीं।

जदि राउर POI आ POA अपडेटेड नइखे तs जल्दी से जल्दी एकरा के अपडेट करवा लीं। अपडेशन के ऑनलाइन प्रोसेस (Online Process) होला आ ओकर फीस 25 रुपिया बा। एहिसे ई जानकारी अपडेट करा लीं। जवना से रउआ सरकारी योजना के लाभ लेवे में कवनो दिक्कत ना आई।

बता दीं कि अधार कार्ड में एह जानकारी के अगर ऑफलाइन अपडेशन कइल जात बा तs ओकर फीस 50 रुपिया बा। जइसे कि हमनी के जानत बानी सs, अपना देस में Aadhaar Card सबसे पॉप्युलर आ ट्रस्टेड डॉक्युमेंट हs। हर छोट-बड़ कामन में कर जरूरत होला। अइसे में एकरा के हर हाल में अपडेट रखल जरूरियो बा।

POI आ  POA के प्रूफ ऑफ आइडेंटिटी आ प्रूफ ऑफ ऐड्रेसो कहल जाला। AADHAAR के तरफ से 1 जुलाई 2022 के जारी एगो सूचना के मोताबिक, प्रूफ ऑफ आइडेंटिटी माने POI अपडेशन खातिर अइसन डॉक्युमेंट के जरूरत होला जेमें नाम आ फोटो होखे। एकरा के अपडेट करवावे खातिर पैन कार्ड, ई-PAN, राशन कार्ड, वोटर आईडी, ड्राइविंग लाइसेंस, आर्म्स लाइसेंस, फोटो बैंक ATM कार्ड, फोटो क्रेडिट कार्ड, मैरेज सर्टिफिकेट, किसान फोटो पासबुक समेत एह तरह के दर्जनन डॉक्युमेंट्स प्रूफ के तौर पर जमा कइल जा सकत बा।

POA अपडेशन खातिर ई दस्तावेज बा अनिवार्य

प्रूफ ऑफ ऐड्रेस माने POA अपडेशन खातिर अइसन डॉक्युमेंट जरूरत होला जेमे राउर नाम आ ऐड्रेस होखे। एकरा खातिर पासपोर्ट, बैंक स्टेटमेंट, राशन कार्ड, वोटर कार्ड, ड्राइविंग लाइसेंस, पेंशनल कार्ड, किसान पासबुक, डिसएबिलिटी कार्ड, मनरेगा कार्ड, वैलिड स्कूल आइडेंटिटी कार्ड, स्कूल लीविंग सर्टिफिकेट, इलेक्ट्रिसिटी बिल, वाटर बिल, लैंडलाइन टेलीफोन बिल, पोस्टपेड मोबाइल बिल जइसन दर्जनन डॉक्युमेंट प्रूफ के तौर पर जमा कइल जा सकत बा।

Aadhaar Card अपडेशन के चार्ज

आधार कार्ड में बहुत सारा जानकारी होला आ हर जानकारी अपडेट करावल जा सकत बा। जदि नाम, जेंडर, डेट ऑफ बर्थ, ऐड्रेस आ लैंग्वेज में बदलाव करवावे के बा तs ई ऑनलाइन संभव बा। हालांकि, ऑनलाइन अपडेशन खातिर मोबाइल नंबर रजिस्टर्ड होखल जरूरी बा। अगर रजिस्टर्ड मोबाइल नंबर अपडेटेड ना तs पहिले एकरा के अपडेट करवाई। ऑनलाइन अपडेशन के चार्ज 25 रुपिया बा। अगर फोटो आ मोबाइल नंबर अपडेट करवावल बा तs ई ऑफलाइन संभव बा। एकरा खातिर चार्ज 50 रुपिया लागेला।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]