[the_ad_group id="30365"]

Basti News: पहिला दिने नोरूम भइल वंदे भारत, बस्ती में सवार होईहे 35 कन्फर्म यात्री

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

 

गोरखपुर से लखनऊ होत अयोध्या जाए वाली वातानुकूलित ट्रेन वंदे भारत पहिला दिने नोरूम हो गइल। शनिचर ले सात गो चेयर कार आ एगो एग्जीक्यूटिव क्लास कोच हाउसफुल हो गइल। बस्ती से आवे वाला 35 यात्री के टिकट के पुष्टि होखे के बात कहल जाता। जबकि इहाँ के 28 यात्री के टिकट देर शाम तक इंतजार करत रहे।

7 जुलाई के प्रधानमंत्री गोरखपुर से वंदे भारत ट्रेन के उद्घाटन कईले। आम जनता खातिर ई ट्रेन 9 जुलाई से निर्धारित मार्ग पs चले के फैसला कइल गइल बा। लोग लग्जरी सुविधा में यात्रा करे के होड़ लागल बा। चौबीस घंटा के भीतर आठ कोच वाला वातानुकूलित ट्रेन शनिचर तक नोरूम हो गईल। बस्ती से एह ट्रेन में पहिला दिन खातिर कुल 63 यात्री टिकट लेले बाड़े। एहमें चेयर कार में 33 गो आ कार्यकारी वर्ग में दू गो सवारियन के टिकट के पुष्टि भइल। जबकि 28 यात्री के टिकट शनिवार के सांझ ले इंतजार करे के बात कहल जाता। पहिला बेर इ यात्री बस्ती स्टेशन से सेमी हाई स्पीड ट्रेन से यात्रा करीहे। यात्रा के दौरान आईआरसीटीसी के बेस किचन से नाश्ता अवुरी खाना के सुविधा भी उपलब्ध करावल जाई। वंदे भारत के पूर्वांचल के पहिला एक्सक्लूसिव ट्रेन मानल जा रहल बा। एही से इ ट्रेन पहिला दिन से ही हाउस फुल चल रहल बा, जब की किराया सामान्य ट्रेन से ज्यादा बा। बस्ती रेलवे स्टेशन एह ट्रेन के पहिला स्टॉप होई। 9 जुलाई के ई ट्रेन सबेरे 6:52 बजे प्लेटफार्म नम्बर एक पs रुकी आ दू मिनट बाद रवाना हो जाई। एकरा बाद वंदे भारत के अगिला पड़ाव अयोध्या रेलवे स्टेशन पs होई।

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]