Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

गोरखपुर में झमाझम बरखा से मिलल राहत: एक घंटा के बरखा से मौसम भइल सुहाना, गोरखपुर समेत 20 जिलन में भारी बरखा के अलर्ट

201

उमस भरल गरमी के बीच सोमार के गोरखपुर में झमाझम बरखा भइल। तेज बरखा के संगे मौसम के मिजाजो पूरा तरे बदल गइल। एसे दिन बहुते राहत भरल रहल। हालांकि, सोमार के सबेरही से आसमान में बादल छाइल रहे। दुपहरिया में बरखा होखला से लोग राहत के सांस लेले बा। बरखा के फुहारन से मौसम सुहाना हो गइल बा।

ओहिजा, अतवार के आसमान में बादर उमड़त-घुमड़त रहल, बाकिर बरिसल ना। ऊपर से चिलचिलात धूप लोगन के परेसान कs देलस। हालात ई बा है कि एक दिन बरखा तs दूसरका दिन उमस के चलते पसीना से लोग तर-बतर हो जा रहल बा।

2 जुलाई से धीमा हो गइल बरखा के रफ्तार

दरअसल, मानसून के सक्रिय होखला पs 29 जून से 2 जुलाई तक झमाझम बरखा भइल। बाकिर, एकरा बाद मानसून के ट्रैक कमजोर पड़ला पs रुक-रुकके बरखा होत रहल। बरखा के लिहाज से सावन महीना अभी तक सूखा जा रहल बा। हालांकि एह बीच कभी-कभी बादर छइला पs लोग राहत के सांस लेलस, बाकिर बरखा ना होखला से ई खुसी जादे देर तक ना ठहरल। हालांकि, अब लगातार एने बरखा के उम्मीद बा।

गोरखपुर समेत 20 जिलन में बरखा के अलर्ट

एकरा संगही सोमार के पूरा प्रदेश में बरखा के अलर्ट बा। ओहिजा, मौसम विभाग 20 जिलन में भारी बरखा के चेतावनी जारी कइले । एमे गोरखपुर के अलावे संतकबीरनगर, बस्ती, गोंडा, सीतापुर, हरदोई, सहारनपुर, शामली, मुजफ्फरनगर, मेरठ, अलीगढ़, मथुरा, हाथरस, आगरा, बिजनौर, अमरोहा, मुरादाबाद, शाहजहांपुर, संभल आ बदायूं सामिल बा।

भारी बरखा के अलर्ट के मतलब बा कि 64 से 115.5 मिमी तक बरखा हो सकत बा। जबकि, भारी से भारी बरखा के अलर्ट में 115.6 से 204 मिमी के बीच बरसात हो सकत बा। एक्सट्रीमली हैवी रेन के मतलब होला कि 204.4 मिमी से जादे बरखा हो सकत बा।

592630cookie-checkगोरखपुर में झमाझम बरखा से मिलल राहत: एक घंटा के बरखा से मौसम भइल सुहाना, गोरखपुर समेत 20 जिलन में भारी बरखा के अलर्ट

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.