[the_ad_group id="30365"]

उत्तर भारत में ‘जल प्रहार’ से हाहाकार, शहर-शहर पानी के सितम; IMD ने जारी कइले येलो अलर्ट

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

उत्तर पश्चिम भारत के अधिकांश भाग में बरखा जारी रही। एह बारे में जानकारी देत ​​मौसम विभाग (आईएमडी) दिल्ली, हरियाणा, हिमाचल प्रदेश, उत्तराखंड, राजस्थान, पंजाब आ जम्मू कश्मीर में अत्यधिक से बहुते भारी बरखा के अनुमान लगवले बा। आईएमडी के कहना बा कि उत्तर भारत पs पश्चिमी विक्षोभ के माहौल बा जवना के चलते काल्हु भारी बरखा भइल जवना में दिल्ली समेत एह सीजन के पहिला बेर भारी बरखा भइल। दिल्ली में अतवार के दिने सबेरे साढ़े आठ बजे ले पिछला 24 घंटा में 153 मिमी बरखा भइल जवन 1982 के बाद जुलाई में एक दिन में सबले बेसी बरखा भइल बा। एह नजरिया से देखल जाव त पिछला 40 साल में जुलाई महीना में एक दिन में ई सबले बेसी बरखा भइल बा।

राष्ट्रीय राजधानी के कई हिस्सा में पानी लगले के चलते यातायात में जाम लाग गईल बा। काल्ह शहर आ आसपास के इलाका में भारी बरखा जारी रहल। दिल्ली में एगो फ्लैट के छत गिरला से एगो 58 साल के महिला के मउत हो गईल। राजस्थान में 24 घंटा के दौरान बरखा से जुड़ल घटना में चार लोग के मउत हो गईल। मौसम विभाग राजस्थान के राजसमंद, जालौर, पाली, अजमेर, अलवर, बांसवाड़ा, भरतपुर, भीलवाड़ा, बूंदी, चित्तौड़गढ़, दौसा, धौलपुर, जयपुर आ कोटा समेत नौ से अधिका जिला में बहुते भारी बरखा के अनुमान लगवले बा।

लगातार बरखा आ भूस्खलन के चलते शनिचर के दिने लगातार दुसरका दिन अमरनाथ यात्रा स्थगित कs दिहल गइल जवना चलते जम्मू के अलग अलग जगहा आ गुफा तीर्थ के राह में हजारन तीर्थयात्री फंस गइले। दक्खिन में केरल आ कर्नाटक के कई इलाका में लगातार बरखा भइल। आईएमडी केरल के चार जिला – कोझिकोड, वायनाड, कन्नूर अवुरी कासरगोड में “येलो” अलर्ट जारी कईले बिया। शिमला, सिरमौर, लाहौल आ स्पीति, चम्बा आ सोलन में भूस्खलन आ बाढ़ के चलते कई गो सड़क जाम होखला के बाद मौसम कार्यालय हिमाचल प्रदेश के सात गो जिलन खातिर “रेड” अलर्ट जारी कइले बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]