Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

आईओबी जमा पर देई 0.60 फीसदी तक बेसी ब्याज, एचडीएफसी बैंक कइलस 0.35 प्रतिशत वृद्धि

1,004

इंडियन ओवरसीज बैंक (आईओबी) आपन खुदरा सावधि जमा पर ब्याज दर में 0.60 फीसदी ले बढवले के घोषणा कइले बानें। एचडीएफसी बैंक फिक्स्ड डिपॉजिट (एफडी) पर ब्याज दर 0.35 फीसदी बढ़ा दिहले बा। निजी क्षेत्र के बैंक 15 दिन में दुसरा बेर दर में इजाफा कइले बा।

आईओबी कहलस कि दर 10 नवंबर से बढ़ी। एकरे साथ घरेलू अउर अनिवासी जमाकर्ता के 444 दिन, तीन साल अउर ओसे बेसी अवधि खातिर जमा पर 7.15 फीसदी ले ब्याज मिली। 270 दिन से एक साल अउर एक साल से तीन साल के जमा पर 0.60 फीसदी ज्यादा ब्याज मिली। उहवें, एचडीएफसी बैंक के नया दर 7 नवंबर से लागू होई। एकरे बाद 15 से 18 महीना खातिर 2 करोड़ से कम जमा पs 6.15 फीसदी के जगह 6.50 फीसदी ब्याज मिली।

बैंक ऑफ महाराष्ट्र 0.10 फीसदी महंग कइलस कर्ज

बैंक ऑफ महाराष्ट्र अलग-अलग अवधि कोष के सीमांत लागत आधारित ब्याज दर (एमसीएलआर) 0.10 फीसदी बढ़ा देहले बा। नयका दर 7 नवंबर से लागू बा। बैंक बतवलस कि एक साल के अवधि वाले एमसीएलआर के 7.80% से बढ़ा के 7.90 फीसदी कs दिहल गइल बा। एक महीना के अवधि वाले एमसीएलआर के 0.05 अंक बढ़ाकर 7.50 फीसदी कs दिहल गइल बा। हालांकि, एक दिन के अवधि अउर तीन अउर छह महीना के कर्ज के दर में बदलाव नाइ कइल गइल बा।

377600cookie-checkआईओबी जमा पर देई 0.60 फीसदी तक बेसी ब्याज, एचडीएफसी बैंक कइलस 0.35 प्रतिशत वृद्धि

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.