[the_ad_group id="30365"]

भारत में अमेजन-गूगल 2.9 लाख करोड़ के निवेश करी: गुजरात में ग्लोबल सेंटर बनाई गूगल; अमेजन दिही जादे नौकरी, छोट बिजनेस के सपोर्ट करी 

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

गूगल भारत में डिजिटलाइजेशन खातिर 10 बिलियन डॉलर (करीब 82 हजार करोड़ रुपए) के निवेश करी। गूगल के CEO सुंदर पिचाई सुक के प्रधानमंत्री मोदी से मुलाकात के बाद ई जानकारी देलें। ओहिजा, अमेजन के CEO ने PM से मिलला के बाद भारत में 26 बिलियन डॉलर (करीब 2.1 लाख करोड़ रुपिया) के निवेश के बात कहलें।

सुंदर पिचाई कहलें, ‘प्रधानमंत्री से मिलल हमरा खातिर सम्मान के बात बा। गूगल भारत के डिजिटलीकरण खातिर 10 अरब डॉलर के निवेश करी। हमनी GIFT सिटी, गुजरात में आपन ग्लोबल फिनटेक ऑपरेशन सेंटर खोले के घोषणा कर रहल बानी सs।’ PMO ट्वीट कs के बतवलस कि PM आ पिचाई के बीच आर्टिफिशियल इंटेलिजेंस, फिनटेक आ रिसर्च एंड डेवलपमेंट के बढ़ावा देवे के उपायन पs चरचा भइल।

भारत में अमेजन 26 बिलियन डॉलर निवेश करी 

अमेजन के CEO एंडी जैसी प्रधानमंत्री मोदी से मुलाकात कइलें। मीटिंग के बाद ऊ कहलें, ‘अमेजन भारत में दुनिया के सबसे बड़ निवेशकन में से एगो बा। हमनी के अभी ले 11 बिलियन डॉलर के निवेश कइले बानी सs आ 15 बिलियन डॉलर के आउर निवेश करे के इरादा बा, जवना से कुल राशि 26 बिलियन हो जाई।’

ऊ कहलें कि एकरा माध्यम से कंपनी जादे नौकरियन के पैदा करे, बेसी छोट आ मीडियम बिजनेस के डिजिटल बनावे में मदद करी। एकरा संगही भारतीय कंपनियन के प्रोडक्ट्स के दुनिया भर में निर्यात करे में मदद करी।

पिचाई डिजिटल इंडिया खातिर  PM के नजरिया के सराहना कइलें 

सुंदर पिचाई डिजिटल इंडिया खातिर प्रधानमंत्री मोदी के नजरिया के सराहना कइलें। ऊ कहलें,’ डिजिटल इंडिया खातिर प्रधानमंत्री के दृष्टिकोण उनका समय से कहीं आगे बा। हम अब एकरा के एगो ब्लूप्रिंट के रूप में देखत बानी जवन आउर अन्य देस कइल चाह रहल बा।

जादे भारतीय भाषा के सपोर्ट करी बार्ड

पिचाई कहलें कि हमनी के बहुत जल्दी बार्ड में आउर भारतीय भाषा के सपोर्ट पेश करे वाला बानी सs। बार्ड गूगल के AI चैटबॉट हs, जवना से कंपनी गूगल IO 2023 इवेंट के दौरान भारत सहित 180 देसन में लॉन्च कइल गइल बा।

एलन मस्क से मिलल रहस प्रधानमंत्री मोदी

एकरा पहिले 21 जून के प्रधानमंत्री मोदी आ टेस्ला के CEO एलन मस्क के मुलाकात भइल रहे। मीटिंग के बाद मस्क कहले  रहस, हम भारत के भविष्य के लेके उत्साहित बानी। हम मोदी के फैन बानी। ई एगो सानदार मुलाकात रहे आ हम उनका के बहुते पसंद करत बानी।’ टेस्ला के भारत आवे के टाइमलाइन के बारे में पूछल गइला पs मस्क कहलें, हमरा विश्वास बा कि टेस्ला जल्दिये में भारत में होई।’ ऊ अगिला साल माने 2024 में भारत आवे के प्लान कर रहल बाड़ें।

प्रधानमंत्री मोदी मस्क से मुलाकात के बाद तस्वीर ट्वीट करत लिखले रहस, ‘आज रउआ से सानदार मुलाकात भइल एलन मस्क। हमनी के ऊर्जा से लेके आध्यात्मिकता तक के इश्यूज पs बातचीत कइनी सs।’ मीटिंग से पहिला कयास लगावल जात रहे कि एलन मस्क आ पीएम मोदी मुलाकात के दौरान भारत में टेस्ला के एंट्री पs बात कs सकत बा लो।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]