Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

गोरखपुर में आग में जल के मासूम बच्चा के मौत:इलेक्ट्रानिक अउर किराना के दुकान में लागल रहल आग

रेफ्रिजरेटर के कम्प्रेसर अउर रसोई गैस के सिलेंडर फाटल

166

गोरखपुर के गोला उपनगर में एक किराना अउर इलेक्ट्रानिक के दुकान में गुरुवार के देर रात आग लग गइल। एह दौरान रेफ्रिजरेटर के कम्प्रेसर फाट गइल। आग के चपेट में आ के 6 वर्षीय मासूम रूद्रांश उर्फ डोलू के मौत हो गइल। सूचना पर पहुंचल पुलिस अउर फायर विभाग के कर्मचारी दमकल के गाड़ियन के मदद से आग पर काबू पवलस अउर बचवन के शव के बाहर निकललस। पुलिस शव के पोस्टमार्टम खातिर भेज देहलस।

मकान में बा दुकान

दरअसल गोला उपनगर के वार्ड संख्या 6 निवासी कमलेश कसौधन के मकान में जीआर टेलर नाम से किराना अउर इलेक्ट्रानिक के दुकान बा। गुरुवार के रात करीब 3 बजे अचानक शार्ट सर्किट से इलेक्ट्रानिक के दुकान में आग लग गइल। देखत-देखत आग विकराल रूप ले लेहलस।

आग बगल के किराना सहित दू दूसर दुकान ले पहुंच गइल। दुकान धू-धू कs के जरे लागल। एह दौरान रेफ्रिजरेटर के कम्प्रेसर फाट गइल। कमलेश अपने घरवालन के संगे पीछे के रास्ता से बाहर निकल गइल। लेकिन अफरा तफरी में ऊ लोग अपने बचवन के भीतरे भुला गइने।

फायर विभाग के कर्मचारी लोग निकालल

ओन्ने आग से घर के किचन में रखल रसोई गैस सिलिंडर फाट गइल। कौनो तरे फायर बिग्रेड के दू गाड़ी बिहाने करीब 5 बजे आग पर काबू पवलस। फायर विभाग के कर्मचारी जब ले बचवन के निकलले ऊ झुलस गइल रहे। परिजन ओके लेके सामुदायिक स्वास्थ्य केंद्र गइने जहवां डॉक्टर ओ सब के मृत घोषित कs देहने।

239230cookie-checkगोरखपुर में आग में जल के मासूम बच्चा के मौत:इलेक्ट्रानिक अउर किराना के दुकान में लागल रहल आग

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.