[the_ad_group id="30365"]

आयुषी मर्डर: हत्या कs के 12 घंटा के घर में रखलस बेटी के लाश, फिर रात के अन्हारे में एक्सप्रेसवे पर लगवलस ठिकाना

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

बीसीए के छात्रा आयुषी के गोली मारकर हत्या कइल गइल, फिर ओकरे लाश के यमुना एक्सप्रेस के सर्विस रोड पर ट्रॉली बैग में पैक क के फेंक दिहल गइल बा। एह मामिला में घर वाले बेटी के गुमशुदगी भी दर्ज नाइ करवले रहनें। जब पुलिस मृत छात्रा के घर पहुंचल त उनकर पिता उहाँ नाइ रहल। बाद में पुलिस ओके खोज लिहलें। अतवार देर रात पूछताछ में जब पिता बेटी के हत्या करे के बात कबूल कइलें त पुलिस खातिर हत्या से जुड़ल साक्ष्य एकत्र कइले में आसानी हो गइल।
देर रात ही पुलिस के टीम हत्या स्थल अउर लाश के ले जाए में इस्तेमाल कइल गइल कार, जौने हथियार से गोली चलावल गइल रहे, ओके अपने कब्जा में लेहले आदि कार्य में जुट गइल। 18 नवंबर के सुबह यमुना एक्सप्रेस के सर्विस रोड पर कृषि अनुसंधान केंद्र के पास झाड़ियन में ट्रॉली बैग मिलल रहे। ट्रॉली बैग में युवती के लाश रहल।
आयुषी का फाइल फोटो

 

एकरे 48 घंटा में ही पुलिस मृतका के घर तक पहुंच गइल। मृतका के पहचान अतवार के देर साँझ माई अउर भाई कइलें। पुलिस अब एह मामिला में जांच के बात कह के चुप्पी सधले बानें। हालांकि शुरुआत में ही पुलिस के लाइन मिल गइल रहे कि हत्यारोपी पिता ही बानें।
आयुषी की मां और भाई

एही चलते दिल्ली के मोड़ बंद से पिता, भाई अउर माई के पुलिस टीम संगे लेकर अइली, लेकिन पिता के पोस्टमार्टम गृह ले नाइ लाइल। खाली निजी कार में थाना राया के प्रभारी निरीक्षक ओम हरि वाजपेयी, एसआई विनय कुमार अउर एक सिपाही के संगे केवल बृजबाला अउर भाई आयुष के ही लावल गइल।

 

मृतका की मां और भाई को लेकर जाती पुलिस
खास बात इहो बा कि आयुषी 17 नवंबर के ही लापता हो गइल रहे, एकर कहीं भी गुमशुदगी दर्ज नाइ करावल गइल रहे। उहवें, हत्या के बाद पिता भी घर से कहीं चल गइल रहे। अनुमान बा कि पुलिस आज एह पूरा घटनाक्रम से सब पहुलअन से पर्दा उठइहें।
आयुषी के मां और भाई

पोस्टमार्टम गृह पर राया पुलिस के संगे पहुंचल माई अउर भाई चेहरा ढक रखले बानें। जइसहीं पोस्टमार्टम गृह के अंदर कमरे में जइतहीं पुलिस फीजर के खोललें त लाश देखतही माई अउर भाई बिलख पड़लें। जोर-जोर से बिलखत माई अउर बेटा एक दूसरे के गले लाग गइलें। 10 मिनट बाद दूनों लोग बाहर अइलें।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]