Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

22 नवंबर के बुद्ध से कबीर तक यात्रा के होई गोरखपुर से सुरुआत, शांति आ सद्भावना के होई प्रचार-प्रसार, जानीं एह यात्रा के बारे में सब कुछ

गोरखपुर में 22 नवंबर, बड़हलगंज में 23 नवंबर, महराजगंज में 24 नवंबर, देवरिया में 25 के यात्रा के संगे-संगे अलग-अलग जगहन पs होई कार्यक्रम के आयोजन।

906

गोरखपुर: पिछिला 5 बरिस से पूर्वांचल में शांति आ प्रेम खातिर आयोजित होखे वाला बुद्ध से कबीर तक यात्रा (Buddha Se Kabir Tak Journey) के अबकी साल के तारीखन के घोषणा कs दिहल गइल बा। यात्रा के सुरुआत 22 नवंबर के गोरखपुर से होई आ समापनो 26 नवंबर के गोरखेपुर में होई। एह साल के 5 दिन के यात्रा गोरखपुर आ एकर नजदीकी जनपदन में निकालल जाई। एह दौरान यात्रा गोरखपुर, बड़हलगंज, महाराजगंज आ देवरिया के अलग-अलग जगहन से गुजरी। एकरा तहत अलग-अलग जगहन पs पदयात्रा, सांस्कृतिक कार्यक्रम आ उद्बोधनन के माध्यम से लोगन के बीचे देस के एकता आ संवैधानिक राष्ट्रवाद खातिर जागरूकता के अपील कइल जाई।

यात्रा के उद्देश्य: सांझी संस्कृति आ संवैधानिक राष्ट्रवाद के अवधारणा के सबका तक पहुंचावल

होटल क्लार्क में आयोजित प्रेस कन्फ्रेंस में बुद्ध से कबीर तक संस्था के संरक्षक डॉ॰ विनोद मल्ल, पूर्व डीजीपी गुजरात बतवलें कि एह यात्रा के उद्देश्य जनता आ खास कs के नवहन के बीचे भारत के साझी संस्कृति आ संवैधानिक राष्ट्रवाद के अवधारणा के सही तरीका से पहुंचावल बा। ऊ आगे कहेलें कि शांति, सौहार्द आ आपसी भाईचारा के भावना हमनी के देस के मूल परंपरा हs। पूर्वांचल के वैश्विक पहचान के रूप में बुद्ध आ कबीर अपना एही शिक्षा के बारे में जाला लो, एकरा संगे-संगे गुरु गोरखनाथ, स्वामी विवेकानंद, महात्मा गांधी, डॉ० अंबेडकर जइसन आउर महान विभूतियन के विचार इहे सनेस देला, अइसन में वर्तमान समय में हमनी के एह लोगन के विचार आ शिक्षा के अपनावे आ ओकरा पs अमल करे के जरूरत बा।

गोरखपुर से सुरू होके बड़हलगंज, महाराजगंज आ देवरिया होखत वापस गोरखपुर आके समाप्त होई यात्रा

यात्रा के बारे में आउर विस्तार से जानकारी देत यात्रा प्रभारी एस ए रहमान बतवलें कि 22 तारीख के सुरू होखे जा रहल एह यात्रा के पहिला कार्यक्रम गोरखपुर के एमएसआई इंटर कॉलेज में होई, ओकरा बाद गीडा इस्थित बुद्धा इंस्टीट्यूट ऑफ टेक्नोलॉजी में नवहन के बीच ई यात्रा जाई। दूसरका दिने 23 नवंबर के बड़हलगंज इस्तिथ सेंट जोसेफ स्कूल आ नेशनल इंटर कॉलेज में कार्यक्रम के साथे नगर में पदयात्रा निकालल जाई। 24 नवंबर के, तीसरका दिने महाराजगंज जनपद में जिला प्रशासन के सहजोग से कार्यक्रम सुनिश्चित बा। एकरा तहत, नगर में पदयात्रा आ सेंट जोसेफ स्कूल में लईकन के बीचे कार्यक्रम के बाद जिला के ऐतिहासिक आ पुरातात्विक महत्व राखे वाला रामग्राम इस्थित बौद्ध काल के स्तूप से यात्रा सुरू होके चौक बाजार इस्थित गोरखनाथ मंदिर परिसर में स्थानीय लोगन के बीच में कार्यक्रम के संगे संपन्न होई। 25 नवंबर के कार्यक्रम देवरिया जनपद में सलेमपुर, खुखुन्दू आ नगर के ऐतिहासिक राजकीय इंटर कॉलेज में होई। 26 नवंबर के गोरखपुर शहर में विशाल पदयात्रा आ पादरी बाजार इस्थित पीजीएसएस के ऑडिटोरियम में समापन कार्यक्रम के संगे एह साल के यात्रा के ई वार्षिक समारोह सम्पन्न होई।

देस के अखंडता आ एकता खातिर यात्रा से जुड़े के बा अपील 

संस्था के समन्वयक देवयानी जानकारी देत कहली कि पूरा साल देस के अलग-अलग रूप में अयोजित होके वाला ई यात्रा लोगन के बीचे एगो अलग मुकाम हासिल कइले बा। देस के अखंडता आ एकता के मजबूत बनावल राखे के एह कोसिस में ऊ सब केहू से जुड़े के अपील कइली।

एह मवका पs बुद्ध से कबीर तक संस्था के श्रीमती अनुराधा मल्ल ( पूर्व, आइएएस गुजरात), सेराज अहमद अब्दुल्लाह, क्षितिज मल्ल, शैलेंद्र कबीर, आदित्य राजन, दीपक पाण्डेय, सुधीर टेकरीवाल, अजीत सिंह, आरपीएन सिंह मवजूद रहे लो।

386610cookie-check22 नवंबर के बुद्ध से कबीर तक यात्रा के होई गोरखपुर से सुरुआत, शांति आ सद्भावना के होई प्रचार-प्रसार, जानीं एह यात्रा के बारे में सब कुछ

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.