मशरक के सिसई गांव में 16 केवीए के ट्रांसफार्मर चोरी,थाना में प्राथमिकी दर्ज

By Anurag Ranjan

Published on: Nov 22, 2022

मशरक (सारण)/धर्मेंद्र कुमार सिंह: मशरक थाना क्षेत्र के सिसई गांव में ग्वासकर सिंह के दलान के आगे लागल 16 केवीए के ट्रांसफार्मर चोरी होखला के प्राथमिकी मशरक थाना में कनीय विद्युत आपूर्ति अभियंता अभिषेक कुमार दर्ज

Share

मशरक (सारण)/धर्मेंद्र कुमार सिंह: मशरक थाना क्षेत्र के सिसई गांव में ग्वासकर सिंह के दलान के आगे लागल 16 केवीए के ट्रांसफार्मर चोरी होखला के प्राथमिकी मशरक थाना में कनीय विद्युत आपूर्ति अभियंता अभिषेक कुमार दर्ज करवले। दर्ज प्राथमिकी में बतावल गइल कि सिसई गांव में ग्वासकर सिंह के दलान के आगे लागल 16 केवीए के ट्रांसफर के चोरी जइसही उनका चोरी संबंधी सूचना मिलल तs ऊ मवका पs पहुंचले आ गांव के लोग से पूछ ताछ कइलें। बाकिर चोरी संबंधित कवनो जानकारी ना मिलल।

चोरी के घटना से दर्जन भर उपभोक्ता लोगन के विद्युत आपूर्ति ठप हो गइल बा। एह घटना से विभाग के 29498 हजार रुपिया के नुकसान भइल बा। ऊ एकर शिकायत पुलिस के दे देले बाड़ें आ पुलिस अज्ञात चोरन के खिलाफ प्राथमिकी दर्ज कस के जांच पड़ताल कर रहल बिया।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.