Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

अयोध्या: पानी रिसाव के लेके मंदिर ट्रस्ट के दो टूक, कहलें- राम मंदिर गर्भगृह में नइखे टपकल बा कि एको बूंद पानी

505

बरखा के बाद राम मंदिर के टपकला के चरचा जोर पकड़ लेले बा। ई ममिला अयोध्या ना समूचा देस में चरचा के केंद्र में बा। चरचा एह बात के बा कि करोड़न रुपिया के लागत से बनल मंदिर पहिला बरसात ना झेल सकल। एह पs ट्रस्ट के तरफ से सफाई जारी कइल गइल बा।

बरखा के दौरान राममंदिर के छत टपकला के ममिला में अब राम मंदिर ट्रस्ट के महासचिव चंपत राय कुछ तथ्य जारी कइले बाड़ें। चंपत राय के कहनाम बा कि गर्भ जहां भगवान रामलला विराजमान बाड़ें, उहां एको बूंद पानी छत से नइके टपकले आ ना कहीं से पानी गर्भगृह में घुसल बा।

मंदिर आ परकोटा परिसर में बरसात के पानी के निकासी के सुनियोजित तरीका से उत्तम प्रबंध कइल गइल बा। जवना के काम प्रगति पs बा। मंदिर निर्माण के काम पूरा होखला के बाद मंदिर आ परकोटा परिसर में कहियो जलभराव के इस्थिति ना होई। श्रीरामजन्म भूमि परिसर मे बरसात के पानी के भीतरी पूरा तरे रखे खातिर रिचार्ज पिटो के निर्माण करावल जा रहल बा।

फेर धंसल रामपथ

रामनगरी में बुध के भोर में सबेरे तीन घंटा तक भइल मूसलाधार बरखा के चलते एक बेर फेर रामपथ धंस गइल। एकरा बाद रिकाबगंज मार्ग पs बैरियर लगाके एक लेन पs आवागमन बंद कs के मरम्मत के काम सुरू कs दिहल गइल। एकरा पहिले सनीचर के रात भर भइल बरखा में रिकाबगंज के आसपास कइयन जगहन पs रामपथ धंस गइल रहे। इहां गिट्टी आ बालू डालके मरम्मत करावल गइल रहे। एक बेर फेर बरखा होखला पs इहां पर सड़क धंस गइल बा। आनन-फानन में जेसीबी से रोड के पटाई करावल जा रहल बा।

874580cookie-checkअयोध्या: पानी रिसाव के लेके मंदिर ट्रस्ट के दो टूक, कहलें- राम मंदिर गर्भगृह में नइखे टपकल बा कि एको बूंद पानी

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.