[the_ad_group id="30365"]

Varanasi News: 636 मीटर लंबा मंडूवाडीह फ्लाईओवर 54.29 करोड़ रुपया में बनावल जाई, बजट अगिला महीना जारी होखे के उम्मीद बा

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

मडूवाडीह चौराहा पs फ्लाईओवर के काम जल्दिए शुरू हो जाई। 54.29 करोड़ के लागत से 636 मीटर लंबा फ्लाईओवर बनावल जाई। डीपीआर सरकार के भेज दिहल गइल बा । एकरा खातिर बजट अगिला महीना जारी होखे के उमेद बा ।

मंडूवाडीह चौराहा पर 54.29 करोड़ रुपिया के 636 मीटर लंबा फ्लाईओवर के काम अगिला महीना से शुरू होखे के उमेद बा । फाइल के बजट मंजूरी खातीर सरकार के भेज दिहल गइल बा। लोकसभा चुनाव के बाद पीडब्ल्यूडी के मंत्री जितिन प्रसाद केंद्र में मंत्री बन गइल बाड़े। अइसने में अभी भी बजट के मंजूरी अटकल बा। उम्मीद बा कि अगिला महीना ले एह बजट के मंजूरी मिल जाई ।

मंडूवाडीह चौराहा पs 636 मीटर लंबा फ्लाईओवर के निर्माण से जाम से राहत मिली। सेतु निगम आपन डीपीआर तइयार कs के ओह फाइल के बजट मंजूरी खातिर सरकार के भेज दिहले बाड़न । पछिला दु महीना से मंडूवाडीह चौराहा पs लागल जाम से निपटे खातीर चौराहा के बंद कs के करीब 400 मीटर तक बैरिकेडिंग कs दिहल बा। लहरतारा से मंडूवाडीह होके लंका जाए वाला रूट पर दिन भर जाम लागल बा।

एह रास्ता से छोट-बड़ दस हजार से अधिका गाड़ी गुजरेली सs। 9.52 किलोमीटर के एह पूरा रूट पर चार जगह जाम होखल आम बात बा – मंडूवाडीह चौराहा, काकरमाट्टा फ्लाईओवर, भिखारीपुर तिरहा आ लंका चौराहा। फ्लाईओवर के निर्माण से लोग के राहत मिली। एक साल में प्रस्तावित बजट में भी बढ़ोतरी भइल बा।

भिखारीपुर तिरहा फ्लाईओवर के लागत भी बढ़ी

भिखारीपुर चौराहा पर 1080 मीटर के वाई आकार के फ्लाईओवर बनावल जाई। एकर डीपीआर भी सरकार के भेज दिहल गइल बा। करीब एक साल पहिले तक ए पुल के लागत करीब 86.41 करोड़ रुपया रहे, जवन कि अब बढ़ के 114.67 करोड़ रुपया हो गइल बा। मंजूरी मिलते दुनो फ्लाईओवर पs काम शुरू क दिहल जाई।

अफसर का कहले?

दुनो फ्लाईओवर के निर्माण के डीपीआर तैयार कs के सरकार के भेज दिहल गइल बा। सरकार से मंजूरी मिलते काम शुरू हो जाई। – एस के निरंजन, सेतु निगम, वाराणसी 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]