[the_ad_group id="30365"]

अकासा एयरलाइंस के गोरखपुर से मुंबई के स्लॉट मिलेला, फ्लाइट टाइमिंग से भी अरब देश के सफर आसान हो जाला

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

अकासा एयरलाइंस गोरखपुर हवाई अड्डा से सबेरे 11 बजे के स्लॉट लेले बिया, जबकि मुंबई में दुपहरिया 1 बजे के स्लॉट मांगल गइल बा। अकासा एयरलाइंस के यूपी सेल्स हेड राहुल सिंह लोकल 18 से बतवले कि गोरखपुर से मुंबई जाए वाला यात्रियन के राहत मिली, आ अरब देश जेद्दाह, रियाद, दोहा जाए के सुविधा भी होई।

गोरखपुर ; उत्तर प्रदेश के गोरखपुर से मुंबई जाए वाला यात्रियन खातिर एगो खुशखबरी बा। अकासा एयरलाइंस जल्दिए गोरखपुर से मुंबई खातिर हवाई सेवा शुरू करी। एकरा खातिर गोरखपुर में स्लॉट मिलल बा । अकासा एयरलाइंस के माध्यम से लोग के मुंबई तs जाए के मौका मिली, अरब देश में जाए में भी आसानी होई। वर्तमान में गोरखपुर हवाई अड्डा से रोज 12 गो हवाई जहाज मुंबई, दिल्ली, हैदराबाद, बेंगलुरु खातिर उड़ान भरत बा। अकासा एयरलाइंस के ज्वाइन कइला का बाद लोग के अउरी राहत मिली । जल्दिए इहाँ से मुंबई के एगो अउरी सेवा शुरू हो जाई।

अकासा एयरलाइंस गोरखपुर हवाई अड्डा से सबेरे 11 बजे के स्लॉट लेले बिया, जबकि मुंबई में दुपहरिया 1 बजे के स्लॉट मांगल गइल बा। अकासा एयरलाइंस के यूपी सेल्स हेड राहुल सिंह बतवले कि गोरखपुर से मुंबई जाए वाला यात्रियन के राहत मिली, आ अरब देश जेद्दाह, रियाद, दोहा जाए के सुविधा भी होई। राहुल के कहनाम बा कि सुबह 11 बजे से दुपहरिया 1 बजे तक के स्लॉट मांगल गइल बा, ताकि लोग मुंबई पहुंचला के बाद तीन से चार घंटा आराम क सके आ उहाँ से सांझ के पांच बजे जेद्दाह, दोहा, रियाद खाती फ्लाइट बा। अइसने में अंतर्राष्ट्रीय यात्रा खातिर तीन से चार घंटा पहिले पहुंचे के पड़ेला। एह सब बात के ध्यान में राखत दुपहरिया 11 बजे से दुपहरिया एक बजे के बीच स्लॉट के मांग कइल गइल ।

ऊ आगे कहले कि अकासा एयरलाइंस एकरा से पहिले 29 मई से गोरखपुर हवाई अड्डा से दिल्ली आ बेंगलुरु के सेवा शुरू कइले रहे। अब एयरलाइंस जल्दिए गोरखपुर से मुंबई तक भी सेवा शुरू कs दिही। ई समय अइसन होखी कि मुंबई हवाई अड्डा से लोग के अरब देशन के उड़ान आसानी से मिल जाई । एयरलाइंस गोरखपुर से सीधे अरब देश जाए वाला लोग खातिर दुपहरिया के स्लॉट के मांग कइले रहे। अइसने में हमनी के तीन घंटा पहिले लोग के ओहिजा छोड़ देब जा, फिर शाम के पांच बजे अरब देश के फ्लाइट मिल जाई। फिलहाल दिल्ली आ बेंगलुरु खातीर ऑनलाइन बुकिंग भी शुरू हो गइल बा। जल्दिए मुंबई खातिर भी सेवा शुरू हो जाई।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]