[the_ad_group id="30365"]

कोहरा के आगोश में समाइल गोरखपुर….विजिबिलिटी 20 मीटर तक सिमटल: ठंड आ गलन के सितम सुरू, लेट आइल गोरखधाम आ कुशीनगर एक्सप्रेस लेट

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

गोरखपुर में मौसम एक बेर फेर अंगड़ाई लेले बा। सोमार के दिन में घाम निकलला के बाद मंगर के कोहरा फेर से शहर के अपना आगोश में ले लेलस। एकरा चलते गलन बढ़ल बा।नतीजा कुछ घंटन के स्फूर्ति के बाद लोग फेर से ठिठुरे खातिर मजबूर हो गइल।

हालांकि, मौसम विभाग पहिलही चेतावनी जारी कs के अगिलादु दिनन तक भीषण ठंडा पड़े के संभावना जतवले रहे। मंगलर के सबेरे विजिबिलिटी 20 मीटर तक रह गइल। एकरा चलते जहां शहर में लोगन के चले में परेसानी bhail तs ओहिजा ट्रेन आ विमानन पs एकर असर पड़ल बा।

भटिंडा से गोरखपुर आवे वाली गोरखधाम एक्सप्रेस 4 घंटा से जादा के देरी से चल रहल बिया। ट्रेन के दुपहरिया में गोरखपुर पहुंचे के संभावना बा। ओहिजा, मुंबई से आवे वाली कुशीनगर एक्सप्रेस ढाई घंटे लेट बिया। कोहरा के असर हवाई सेवा पs देखे के मिलल बा। दिल्ली से आवे वाला इंडिगो के विमान एक घंटा के देरी से गोरखपुर पहुंचल।

वातावरण में 75 फीसदी के नमी

विजिबिलिटी कम होखला के चलते दु बेर हवा में चक्कर लगवला के बाद विमान लैंड कs सकल। एयरपोर्ट डायरेक्टर एके द्विवेदी बतवलें कि खराब मौसम के चलते फ्लाइट लेट भइल बा। मंगर के न्यूनतम तापमान 6.5 डिग्री सेल्सियस दर्ज कइल गइल। ई सोमार के मुकाबले 0.5 डिग्री कम रहल। ओहिजा, अधिकतम तापमान 15 डिग्री बनल बा। 75 फीसदी नमी के संगही 5 किलोमीटर के गति से हवा चल रहल बा।

पश्चिमी विक्षोभ से पड़ी गलन भरल ठंड

मौसम वैज्ञानिक मोहम्मद दानिश के मोताबिक जम्मू आ ओकरा से सटल उत्तरी पाकिस्तान के ऊपर समुद्र तल से 3.1 से 4.5 किलोमीटर ऊपर पश्चिमी विक्षोभ एगो चक्रवाती परिसंचरण के रूप में सक्रिय बा। ई प्रेरित चक्रवाती परिसंचरण दखिन हरियाणा आ अगल-बगल के क्षेत्र पs इस्थित बा आ औसत समुद्र तल से 1.5 किमी ऊपर तक फइलल बा।

ओहिजा उत्तर प्रदेश के मध्य भागन से दक्षिण पश्चिमी मध्य प्रदेश तक समुद्र तल से 0.9 किलोमीटर ऊपर ट्रफ कम चिह्नित हो गइल बा। अइसन में गोरखपुर सहित समूचा उत्तर प्रदेश में गलन भरल ठंड के सिलसिला जारी रहे के पूर्वानुमान बा। सबेरे से दुपहरिया तक चल रहल पुरुआ हवा के चलते कोहरा बनल रही।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]