[the_ad_group id="30365"]

पुलिस के आपत्ति के बाद रुकल नटराज के मूरत के नीलामी, अमेरिका ब्लैकलिस्ट कइलस चीन के 36 कंपनी

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

तमिलनाडु पुलिस के आपत्ति जतवले के बाद फ्रांस के पेरिस के नीलामी घर ‘क्रिस्टीज डॉट कॉम’ 1972 में राज्य के कोविलपट्टी से चोरावल गइल भगवान नटराज के 500 साल पुरान मूरत के नीलामी रोक दिहले।

नीलामी पर रोक लगावे के कोशिश के केंद्रीय वित्त मंत्री निर्मला सीतारमण सराहना कइली। क्रिस्टीज नटराज के एह मूरत के सुक्क के दू से तीन लाख यूरो में नीलाम करे के लेके आपन वेबसाइट पर नोटिस जारी कइले रहे।

तमिलनाडु के मूर्ति शाखा के पुलिस महानिदेशक के. जयंत मुरली के नजर एह नोटिस पर पढ़लें। ऊ सांस्कृतिक ठगी के खिलाफ अंतरराष्ट्रीय मुहिम चला रहल ‘ऐन्टिक्वटीज कोलिजन’ अउर भारतीय पुरातत्व सर्वेक्षण के टैग करत 13 दिसंबर के ट्वीट कइलें कि फ्रांस, नीलामी रोकलें। ई भारत में तमिलनाडु के शिव मंदिर श्री कोठंडा रामेश्वर से चुरावल गइल मूरत रहे। हमनी के लग्गे एकर सबूत बा।

अमेरिका ब्लैकलिस्ट कइलस चीन के 36 कंपनी

अमेरिकी वाणिज्य विभाग चीन के उच्च प्रौद्योगिकी क्षेत्र के 36 कंपनियन के काली सूची (ब्लैकलिस्ट) में डरले बा। अमेरिका जौने कंपनियन के काली सूची में डरले बा ओमें विमानन उपकरण, रसायन अउर कंप्यूटर चिप बनावे वाला लोग शामिल बानें।

मानल जा रहल बा कि चीन के सेना के अत्याधुनिक कंप्यूटर चिप अउर हाइपरसोनिक हथियारों जइसन उन्नत तकनीक हासिल करे से रोके खातिर ई प्रतिबंध लगावल गइल बा। मालूम होखे कि पिछले महीना अमेरिका चीन के कंपनी हुआवे अउर जेडटीई पर प्रतिबंध लगा दिहले रहे।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]