[the_ad_group id="30365"]

शहीद सैनिकन के पराक्रम के दिहल गइल श्रद्धांजलि:गोरखपुर के गौतम गुरुंग चौराहा पर मनावल गइल पराक्रम दिवस

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

गोरखपुर में सुक्क के देश के शहीद सैनिकन के पराक्रम दिवस पर श्रद्धांजलि दीहल गइल। भारत नेपाल मैत्री समाज के ओर से पराक्रम दिवस पs गोरखपुर के शहीद लेफ्टिनेंट गौतम गुरुंग चौराहा पर गौतम गुरुंग के श्रद्धांजलि दे के उनके अउर ओ तमाम पराक्रमी सैनिकन के याद कइल गइल। उनके पराक्रम के कहानी सुनके उहां मौजूद सबके आंख भींज गइल।

1971 के युद्ध से मनावल जा रहल बा पराक्रम दिवस

1971 के युद्ध में शहीद भइल भारत के ओ तमाम पराक्रमी सैनिकन के याद कsके पराक्रम दिवस मनावल जाला। 1971 के ही जुद्ध में भारत के वीर जवान लोग अपने देश के प्रतिनिधित्व करत पाकिस्तानी सेना के सिपाहियन के जंग के मैदान में ठेहुना पर ला दिहले रहनें। फिर पाकिस्तान के सेना के पीछे भगा दिहले रहनें लोग, ओ बेरा भारत के ओर से जौन सैनिक शहीद भइलें ओही लोग के याद में पराक्रम दिवस मनावल जाला।

भारत के सैनिक लोग बनवावल बांग्लादेश

भारत नेपाल मैत्री समाज के अध्यक्ष अनिल गुप्ता कहनें, जौन पराक्रम दिवस पs आजु हमनीके सब इकट्ठा भइल बानीं जा, त आजु गौतम गुरुंग अउर उनके संगे तमाम भइल ओ शहीदन के याद कइल जा रहल बा। इहे पराक्रमी सैनिक 1971 के युद्ध में पाकिस्तान के अत्याचार से बांग्लादेश के मुक्ति दियवले रहलें, भारत के वीर जवान लोग अपने जान के बाजी लगा के दुश्मन के खदेड़ले रहल।

ई लोग दीहल श्रद्धांजलि

पराक्रम दिवस के पूरे कार्यक्रम में भारत नेपाल मैत्री समाज के कमल किशोर गुप्त, के संगे वीर सेनानी कल्याण संस्थान के अध्यक्ष अनिरुद्ध शाही, कैप्टन अबुल हसन अंसारी, सूबेदार मेजर बीएन पोद्दार, वारंट ऑफिसर डीके सिंह हवलदार, रामप्रसाद सिंह कैप्टन, केके सिंह सूबेदार मेजर, अउर तमाम सहभागी लोग मौजूद रहल।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]