[the_ad_group id="30365"]

Weather Update Today: दिल्ली, यूपी, बिहार आ उत्तराखंड समेत कइयन गो राज्यन में कड़ाका के ठंड, जानीं ताजा अपडेट

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

देस के राजधानी दिल्ली समेत उत्तर भारत में मौसम के मिजाज बदले लागल बा। मौसम विभाग कइयन राज्यन में शीतलहर के लेके अलर्ट जारी कइल गइल बा। विभाग के मानी तs दिल्ली-एनसीआर के अलावे, यूपी, बिहार, पंजाब, राजस्थान समेत कइयन गो राज्यन में शीतलहर के प्रकोप रही। एकरा संगही कुछ राज्यन में पारा लुढ़क सकत बा। जानीं का रही अलग अलग राज्यन के मौसम के हाल….

दिल्ली में बढ़ल ठंड

मौसम विभाग बतवलस कि दिल्लीवालन के अभी आउर ठंड झेले के पड़ल, हालांकि दुपहरिया में गुनगुनी धूप से तनी आराम मिली। एकरा अलावे न्यूनतम आ अधिकतम तापमान में गिरावटो देखे को मिली।

यूपी के कुछ जिलन में रही कोहरा

यूपी के कुछ जिलन में ठंड बढ़ला के आसार बा। एकरा अलावे कुछ जिलन में कोहरा छाइल रहला के अनुमान बा। हालांकि, दुपहरिया के बेरा मौसम साफ रही।

उत्तराखंड में कड़ाका के सर्दी

पहाड़ी राज्य उत्तराखंड में मौसम साफ बनल रहला के संभावना बा। मौसम विभाग बतवलस कि पहाड़ी इलाकन में पाला पड़ला से ठंडा बढ़ सकत बा।

एमपी में कंपावे वाला ठंडा 

ओने, मध्य प्रदेश के कुछ इलाकन में जम्मू-कश्मीर से आ रहल बर्फीली हवा के असर देखे के मिल रहल बा। सुक के ग्वालियर प्रदेश के सबसे ठंडा शहर रहल बा। ग्वालियर में न्यूनतम तापमान सात डिग्री सेल्सियस दर्ज कइल गइल बा।

एह राज्यन में बरखा के अलर्ट

मौसम विभाग कुछ राज्यन में बरखा के अलर्टो जारी कइल गइल बा। मौसम विभाग चेन्नई, अंडमान आ निकोबार द्वीप समूह के दक्षिणी द्वीपन में हलुक से मध्यम बरखा के अनुमान जतावल जात बा। एकरा अलावे देस के बाकी हिस्सन में मौसम शुष्क रहला के संभावना बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]