[the_ad_group id="30365"]

सावधान! शरीर में दिखे वाला इs निशान हो सकेला खतरनाक, गंभीर बेमारी के इशारा, नजरअंदाज ना करीं

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

अगर शरीर में कहीं भी कवनो बदलाव भईल बा, कवनो अंग के रंग चाहे आकार में कवनो बदलाव देखाई देता तs सतर्क रहे के जरूरत बा। कवनो बेमारी के चलते भी अयीसन हो सकता। कई बेर हमनी के शरीर में देखाई देवे वाला निशान चाहे कुछ बदलाव के अनदेखी कs देनी। इs आम संकेत हमनी के शरीर में बड़ समस्या पैदा कs सकता। आज हमनी के कुछ अइसने बदलाव के बारे में बतावत बानी जा जवन खतरनाक समय हो सकेला। अगर शरीर में अयीसन कवनो निशान चाहे बदलाव देखाई देता तs एक बेर डॉक्टर से जरूर सलाह लीही। एकरा से आपके स्वास्थ्य खातीर खतरा हो सकता।

शरीर पs देखाई देवे वाला इs निशान खतरनाक हो सकता

माथा पs पपड़ी बनल


बाल में रूसी होखल सामान्य बा। कई बेर एकरा से बाल टूट जाला। बाकिर लंबा समय ले खराब बाल के निर्माण शरीर में विटामिन के कमी के लक्षण हो सकता। बहुत जरूरी विटामिन अवुरी पोषक तत्व के कमी के चलते अयीसन हो सकता। फंगल इंफेक्शन भी एकर कारण हो सकेला।

हाथ पs झुर्री

असल में अँगुरी पs झुर्री देखाई देवे लागेला जब उs पानी में भींज जाला। बाकिर जब शरीर के बाकी अंग के मुक़ाबले हाथ में झुर्री जादा होखेला तs फेर इs निमन नईखे। शरीर में पानी के कमी के चलते भी अयीसन हो सकता। कई बेर अयीसन खून के खराब संचार के चलते होखेला अवुरी थाइरॉइड के समस्या के चलते भी होखेला।

उज्जर जीभ


हालांकि जीभ के रंग गुलाबी होला। बाकिर जदी जीभ पs सफेद धब्बा देखाई देता तs इs ओरल थ्रश के लक्षण हो सकता। डायबिटीज के मरीज में अयीसन होखल बहुत आम बात बा। कई बेर मुंह के स्वच्छता में लापरवाही के चलते अयीसन होखेला।

टखना में सूजन


लंबा सफर के बाद चाहे गर्भावस्था के दौरान पैर में सूजन सामान्य बा। अगर बिना बेबी प्लानिंग के आपके संगे अयीसन होखता तs इs समझी कि शरीर में खून के संचार ठीक से नईखे होखत। इs दिल के बेमारी अवुरी अंडरएक्टिव थाइरॉइड ग्रंथि के लक्षण भी हो सकता। पानी के जमाव के चलते भी अयीसन होखेला।

चोट के निशान


अगर हर जगह चोट के निशान लउकत बा आ कवनो चीज से टकराए के याद नइखे आवत तs डाक्टर से संपर्क करीं. आसानी से चोट लगला के मतलब विटामिन के कमी हो सकता। बाकिर इs खून के थक्का बने के बेमारी जईसन कवनो गंभीर बेमारी के संकेत भी हो सकता।

इहो पढ़ीं: Gorakhpur: ‘स्वच्छता ही सेवा है’ थीम पs आधारित D.A.V.पीजी कॉलेज में सप्त- दिवसीय विशेष शिविर के शुभारंभ

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]