[the_ad_group id="30365"]

मुख्यमंत्री नीतीश के जातही मछली लूटे के मचल होड़

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

बिहार के सहरसा में मुख्यमंत्री नीतीश कुमार कार्यक्रम से निकलते आयोजन स्थल प भीड़ में जुटल बच्चा आ युवक प्रदर्शनी खाती लगावल बायोफ्लोक (मछली पालन) टंकी में राखल मछरी के पानी के निकाल के लूटे पाट मचा देले। एह घटना के वीडियो सोशल मीडिया पर वायरल हो रहल बा।

मैदान में मौजूद अधिकारी आ जवान के चलते एह लोग पs नियंत्रण राखल गइल। शुक के मुख्यमंत्री प्राचीन माँ विषहरा भगवती मंदिर के उद्घाटन करे कहरा इलाका में आइल रहले। मुख्यमंत्री के कार्यक्रम अमरपुर हाई स्कूल के मैदान में आयोजित भइल। मैदान में कई तरह के स्टॉल लगावल गइल।

मत्स्य विभाग खुद मैदान में बायोफ्लोक मछली पालन प्रणाली लगवले रहे। मुख्यमंत्री एकरा में छोट-छोट मछरियो डलले। सभ स्टॉल के निरीक्षण कइला के बाद मुख्यमंत्री हेलीकाप्टर से निकल गइले।

टैंक से पानी बहा के मछरी लूट शुरू कऽ देले

जइसही वरिष्ठ अधिकारी मैदान से निकलले, देखे के बहाने पास के स्कूल के बच्चा के संगे अउरी युवक आयोजन स्थल पs पहुंचले। इहाँ के मछरी देख के उऽ लोग बायोफ्लोक मछरी पालन प्रणाली के चारो ओर से घेर लेले। टैंक से पानी बहा के के मछरी लूटे लगले।

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]