छपरा से गोंदिया के बीच चली स्पेशल ट्रेन : त्योहार में जादे भीड़ के लेके विभाग लेलस निर्णय, देखीं टाइम टेबल

By Anurag Ranjan

Published on: Sep 20, 2024

रेलवे प्रशासन के ओर से आवे वाला त्योहार के देखत यात्रियन के होखे वाला अतिरिक्त भीड़ kr ध्यान में रखत ट्रेन संख्या 08895/08896 गोंदिया-छपरा-गोंदिया त्योहार विशेष गाड़ी के संचालन कइल जा रहल बा। एह ट्रेन

Share

प्रतिकात्मक तस्वीर।

रेलवे प्रशासन के ओर से आवे वाला त्योहार के देखत यात्रियन के होखे वाला अतिरिक्त भीड़ kr ध्यान में रखत ट्रेन संख्या 08895/08896 गोंदिया-छपरा-गोंदिया त्योहार विशेष गाड़ी के संचालन कइल जा रहल बा। एह ट्रेन के संचलन गोंडिया से तीन आ 04 नवम्बर, 2024 दिन अतवार आ सोमार के आउर छपरा से चार आ पांच नवम्बर, 2024 दिन सोमार आ मंगर के दु फेरन खातिर एह तरे कइल जाई। ई जानकारी जनसंपर्क पदाधिकारी अशोक कुमार पत्र जारी करत देले बाड़ें।

एह रूट से होके चली ट्रेन

08895 गोंदिया-छपरा त्योहार विशेष गाड़ी 03 आ 04 नवम्बर, 2024 दिन अतवार आ सोमार के गोंडिया से 20.00 बजे प्रस्थान कs के डोंगरगढ़़ से 20.58 बजे, राजनांदगांव से 21.22 बजे, दुर्ग से 22.10 बजे, रायपुर से 23.05 बजे, भाटापारा से 23.55 बजे, दूसरका दिन उसलापुर से 01.10 बजे, पेंड्रा रोड से 02.28 बजे, अनूपपुर से 03.07 बजे, शहडोल से 03.50 बजे, उमरिया से 04.45 बजे, कटनी से 06.50 बजे, मैहर से 07.35 बजे, सतना से 08.03 बजे, मानिकपुर से 10.02 बजे, शंकरगढ़ से 10.41 बजे, प्रयागराज से 12.05 बजे, बनारस से 13.50 बजे, गाजीपुर सिटी से 15.30 बजे आ बलिया से 16.45 बजे छूटके छपरा 19.00 बजे पहुंची।

वापसी में एह रूट से होके चली 

वापसी यात्रा में 08896 छपरा-गोंदिया त्योहार विशेष गाड़ी 04 आ 05 नवम्बर, 2024 दिन सोमार आ मंगर के छपरा से 22.15 बजे प्रस्थान कs के बलिया से 23.25 बजे, दूसरका दिन गाजीपुर सिटी से 00.25 बजे, बनारस से 02.10 बजे, प्रयागराज से 04.00 बजे, शंकरगढ़ से 04.52 बजे, मानिकपुर से 06.30 बजे, सतना से 07.40 बजे, मैहर से 08.07 बजे, कटनी से 09.25 बजे, उमरिया से 11.00 बजे, शहडोल से 12.04 बजे, अनूपपुर से 12.44 बजे, पेंड्रा रोड से 13.26 बजे, उसलापुर से 15.40 बजे, भाटापारा से 16.28 बजे, रायपुर से 17.45 बजे, दुर्ग से 18.55 बजे, राजनांदगांव से 19.18 बजे आ डोंगरगढ़ से 19.43 बजे छूटके गोंदिया 22.30 बजे पहुंची।

एह गाड़ी में एसएलआरडी के दु, साधारण द्वितीय श्रेणी के चार, शयनयान श्रेणी के 10, वातानुकूलित तृतीय श्रेणी के दु आ वातानुकूलित द्वितीय श्रेणी के दुगो कोच सहित कुल 20 कोच लगावल जाई।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.