[the_ad_group id="30365"]

भारत के 8 पूर्व नौसैनिकन के कतर में अर्जी मंजूर: मौत के सजा के खिलाफ ज्लादिये होई सुनवाई; सभे एक साल से जेल में बा बंद

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

भारत के 8 पूर्व नौसैनिकन के मौत के सजा के खिलाफ लगावल गई याचिका के कतर के अदालत स्वीकार कs लेले बा। मीडिया रिपोर्ट्स के मोताबिक, जल्दिये ममिला में सुनवाई के तारीख तय कइल जाई। भारत सरकार करीब 15 दिन पहिले नौसैनिकन के सजा के खिलाफ अपील कइले रहे। हालांकि, एह ममिला में अब तक कतर भा भारत सरकार के तरफ से कवनो आधिकारिक पुष्टि नइखे कइल गइल।

विदेश मंत्रालय के प्रवक्ता अरिंदम बागची 9 नवंबर के अपील दायर कइल गइला के जानकारी देले रहस। ऊ कहले रहस- भारत के एह सैनिकन से मुलाकात खातिर दूसरका कॉन्सूलर एक्सेस मिल गइल बा। भारत सरकार कतर के लगातार संपर्क में बिया। ई बहुते संवेदनशील ममिला बा।

कतर में जवन 8 पूर्व नौसेना अफसरन के मौत के सजा दिहल गइल बा ओह लोगन के नाम बा- कैप्टन नवतेज सिंह गिल, कैप्टन सौरभ वशिष्ठ, कैप्टन बीरेंद्र कुमार वर्मा, कमांडर पूर्णेन्दु तिवारी, कमांडर सुग्नाकर पकाला, कमांडर संजीव गुप्ता, कमांडर अमित नागपाल आ सेलर रागेश।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]