[the_ad_group id="30365"]

Kodak लॉन्च कइलस 3 गो बड़ साइज़ वाला सस्ता QLED TV, अब कम कीमत में मिली प्रीमियम फीचर्स

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

किफायती दाम में Kodak भारत में पहिला बेर आपन QLED TV series के लॉन्च करत 50 इंच, 55 इंच आ 65 इंच में मॉडल लॉन्च कइले बा। Matrix QLED series टीवी के शुरुआती कीमत 33,999 रुपिया बा। नया QLED TV में LED TV के तुलना में बेहतर पिक्चर क्वालिटी मिली जवना से राउर टीवी देखे के अनुभव बेहतर होई। आई जानल जाव एह तीनों टीवी के कीमत से लेके फीचर्स तक के बारे में…

Kodak Matrix QLED TV series के कीमत

Kodak 50MT5011: 33,999 रुपिया
Kodak 55MT5022: 40,999 रुपिया
Kodak 65MT5033:59,999 रुपिया
एह सब मॉडल्स के फ्लिपकार्ट प बिग बिलियन डे सेल के दौरान किनल जा सकी।

Kodak Matrix QLED TV series के फीचर्स

बात करी फीचर्स के त Kodak Matrix QLED TV series में तीन साइज उपलब्ध बा, जेमे 50 इंच, 55 इंच आ 65 इंच शामिल बा। बेहतर साउंड खातिर एमे डॉल्बी एटमोस आ डॉल्बी विजन मिलेला। टीवी के संगे MT9062 प्रोसेसर आ डुअल बैंड ब्लूटूथ 2.4 + 5GHz के सपोर्ट मिलेला। बेहतर पिक्चर क्वालिटी खातिर एमे QLED 4K डिस्प्ले दिहल गइल बा जवन 1.1 बिलियन कलर के सपोर्ट करेला। एकरा अलावे एमे डॉल्बी MS12 आ HDR 10+ सपोर्ट के सपोर्ट मिलेला। बेहतर साउंड खातिर एमे 40W के डॉल्बी ऑडियो स्पीकर, गूगल असिस्टेंट के साथे वॉयस इनेबल रिमोट कंट्रोल मिलेला। कनेक्टिविटी खातिर एमे यूएसबी 2.0 आ HDMI 3 (ARC, CEC) मिलेला।

एकरा अलावे ई टीवी 2GB रैम आ 16GB स्टोरेज के साथे आवेला। एह टीवी में गूगल असिस्टेंट के सपोर्ट मिलेला। आउr फीचर्स के बात करी तs एमे 10,000 से बेसी एप सपोर्ट के साथे यूट्यूब लर्निंग, गूगल क्लासरूम जइसन बिल्ट-इन एप मिलत बा। संगही टीवी में नेटफ्लिक्स, प्राइम वीडियो आ हॉटस्टार के साथे आउर ओटीटी एप के सपोर्ट दिहल गइल बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]