Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

Apple MacBook Pro किनी 26,000 सस्ता, इहां से करी घर बइठले ऑर्डर

Apple MacBook Pro 2022 के MRP 149,900 रुपिया बा आ रउआ एकरा के 14% डिस्काउंट के बाद 1,29,490 रुपिया में किन सकत बानी। 

515

Apple प्रोडक्ट बहुते चरचा में रहेला। अइसही MacBook Pro बा जवन अपना फीचर के वजह से बहुते चरचा में रहेला। एकरा अलावे MacBook के चरचा में रहला के मुख्य वजह ओकर कीमत के चलते होला। जदि रउओ एकरा के किने के प्लान कर रहल बानी तs हमनी के रउआ एगो नया ट्रिक बतावे जा रहल बानी सs। एह ट्रिक के अपनाके रउआ ई MacBook बहुते सस्ता मिल सकत बा।

Apple MacBook Pro 2022 के MRP 149,900 रुपिया बा आ रउआ एकरा के 14% डिस्काउंट के बाद 1,29,490 रुपिया में किन सकत बानी। Croma से डील कइला पs रउआ 10,000 तक के Instant Discount मिल सकत बा। बाकिर रउआ HDFC Bank Credit Card से पेमेंट करे के होई। HDFC Credit Card से 6,9 आ 12 महीना के No-Cost EMI चुनल जा सकत बा।

Apple MacBook Pro में 13.3 inches LED-Backlit मिलत बा। संगही एमे 8GB Unified Memory मिलत बा। कंपनी के तरफ से MacBook के 1 साल के Onsite Warranty दिहल गइल बा। ई TouchBar फीचर के संगे आवेला। संगही जदि रउआ कवनो High-Speed Laptop सर्च कर रहल बानी तs ई रउआ खातिर बेस्ट ऑप्शन साबित हो सकत बा।

Apple MacBook Air 2022 के रउआ अपना लिस्ट में सामिल कs सकत बानी। Croma से एह Laptop के रउआ 1,02,990 रुपिया में किन सकत बानी जबकि एकर MRP 1,19,900 रुपिया बा। HDFC Bank Credit Card से पेमेंट कइला पs एकरो पs रउआ 10,000 रुपए तक के Instant Discount मिल सकत बा। एमे रउआ 8GB RAM aa 256GB Storage के ऑप्शन दिहल जात बा।

421030cookie-checkApple MacBook Pro किनी 26,000 सस्ता, इहां से करी घर बइठले ऑर्डर

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.