Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

40,000 से कम रेट के लेपटॉप: ई हवें सब फास्ट प्रोसेसर अउर SSD स्टोरेज वाले बेस्ट पांच लैपटॉप

1,234
HP Core i3HP Core i3 – फोटो : hp

HP Core i3 11th Gen 14s

40 हजार से कम कीमत में HP Core i3 11th Gen 14s एगो शानदार ऑप्शन बा। एह लैपटॉप के 35,990 रुपया के कीमत पर खरीदल जा सकsता। लैपटॉप में 14 इंच के फुलएचडी प्लस आईपीएस डिस्प्ले के सपोर्ट मिलsला। HP Core i3 11th Gen 14s में 4G LTE कॉन्फ्रीगेशन अउर यूएसबी पोर्ट इनेबल के इंटीग्रेट कइल जा सकsता। लैपटॉप में 11th Gen Intel i3 प्रोसेसर अउर 8 जीबी रैम के साथ 256 जीबी SSD स्टोरेज मिलsला। लैपटॉप में बिल्ट-इन एलेक्सा के सपोर्ट भी बा।
Dell Inspiron 3511Dell Inspiron 3511 – फोटो : Amazon

Dell Inspiron 3511 

Dell Inspiron 3511 लैपटॉप को 39,990 रुपया के कीमत पर खरीदल जा सकsता। Dell Inspiron 3511 में 8 जीबी रैम के साथ 512 जीबी के SSD स्टोरेज मिलला। लैपटॉप में ‎Intel‎ Core i3 प्रोसेसर के सपोर्ट बा। लैपटॉप में 15.6 इंच के फुलएचडी प्लस WVA AG डिस्प्ले मिलsला। लैपटॉप के संगे लंबी बैटरी के सपोर्ट भी मिलला। एकर वजन 1.8 किलोग्राम बा।

 

Lenovo IdeaPad Slim 3Lenovo IdeaPad Slim 3 – फोटो : Lenovo

Lenovo IdeaPad Slim 3

Lenovo IdeaPad Slim 3 के 34,990 रुपया के कीमत पर खरीदल जा सकsता। लैपटॉप में 15.6 इंच के फुलएचडी प्लस डिस्प्ले अउर Windows 10 के सपोर्ट मिलsता। Lenovo IdeaPad Slim 3 में 8 जीबी रैम के साथ 1 टीबी HDD स्टोरेज मिलsता। लैपटॉप के साथ 10th Gen Intel Core i3 प्रोसेसर के पावर मिलsता। लैपटॉप के वजन 1.7 किलोग्राम बा।

ASUS Vivobook 14ASUS Vivobook 14 – फोटो : Asus

ASUS Vivobook 14

ASUS VivoBook 14 स्टाइलिश अउर लाइट वेट लैपटॉप ह। एकर बॉडी मेटल के ह अउरी वजन 1.6 किलोग्राम बा। एमें 10th Gen Intel Core i5 प्रोसेसर के साथ 8 जीबी DDR4 रैम अउरी 512 जीबी के SSD स्टोरेज बा। रैम 12 जीबी ले बढ़ावल जा सकेला। लैपटॉप के संगे विंडोज 11 के सपोर्ट भी मिलsता। एके 37,990 रुपया के कीमत पर खरीदल जा सकsता।
345930cookie-check40,000 से कम रेट के लेपटॉप: ई हवें सब फास्ट प्रोसेसर अउर SSD स्टोरेज वाले बेस्ट पांच लैपटॉप

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.