Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

Acer Nitro 5: लॉन्च भइल एसर के तगड़ा गेमिंग लैपटॉप, फीचर बना दी दीवाना

Acer Nitro 5: नया एसर नाइट्रो 5 (2023) AMD Ryzen 7000 सीरीज प्रोसेसर के स्पोर्ट करे वाला भारत के पहिला लैपटॉप हs। ई GeForce RTX 3050 GPU 32GB तक रैम जइसन फीचर से लैस बा।

1,249

एसर अपना नाइट्रो 5 गेमिंग लैपटॉप सीरीज के नया प्रोसेसर आ स्पेक्स के संगे लॉन्च कइलें बा। लैपटॉप अब AMD Ryzen 7000 सीरीज के अपग्रेडेड प्रोसेसर के संगे आवत बा, जवन AMD के Zen 4 आर्किटेक्चर पs आधारित बा। एकरा अलावे, नाइट्रो 5 में गेम खेले आ वीडियो देखे खातिर एगो सानदार डिस्प्ले बा, संगही एगो बहुत अच्छा जीपीयू बा। आईं, एक नजर डालल जाव एसर नाइट्रो 5 के स्पेसिफिकेशन्स, कीमत के बारे में।

Acer Nitro 5 के कीमत

एसर नाइट्रो 5 के कीमत भारत में 79,990 रुपिया से सुरू होला। 79,990 रुपिया में, आपको नाइट्रो 5 के बेस मॉडल मिली आ लैपटॉप के आउर स्पेक वेरिएंट के कीमत बेसी हो सकत बा। रउआ लैपटॉप के एसर एक्सक्लूसिव स्टोर्स, एसर ई-स्टोर आ फ्लिपकार्ट के माध्यम से किन सकत बानी। ई फ्लिपकार्ट, एसर ई-स्टोर आ एसर एक्सक्लूसिव स्टोर्स पs उपलब्ध होई। कंपनी फ्लिपकार्ट के जरिए एक्सचेंज पs 3000 रुपिया के इंस्टैंट डिस्काउंट के ऐलान कइले बिया।

Acer Nitro 5 के स्पेसिफिकेशन्स

एसर नाइट्रो 5 में 165Hz रिफ्रेश रेट आ 3ms रिस्पॉन्स टाइम के संगे 15.6 इंच के QHD डिस्प्ले बा। लैपटॉप AMD Ryzen 7000 सीरीज प्रोसेसर आ Nvidia GeForce RTX 30 सीरीज GPU से लैस बा। एमे दु गो M.2 PCIe SSD स्लॉट बा आ ई 32GB DDR5 रैम तक सपोर्ट करत बा। एकरा अलावे, नाइट्रो 5 एचडीएमआई 2.1 आ यूएसबी 3.2 सहित पोर्ट के एगो बड़ सीरीज के संगे आवेला। लैपटॉप में 4-जोन RGB कीबोर्ड आ DTS:X अल्ट्रा सपोर्ट के संगे डुअल 2W स्पीकरो बा।

Acer Nitro 5 के फीचर्स

लैपटॉप 57.5 Wh 4-सेल ली-आयन बैटरी से लैस बा, जवन 8 घंटा तक के बैटरी लाइफ प्रदान करत बा। Acer, Acer Nitro 5 (2023) लैपटॉप के GDDR6 NVIDIA GeForce RTX 30 सीरीज GPU से लैस कइले बा। लैपटॉप में बेहतर परफॉरमेंस के बनवले राखे खातिर डुअल-फैन कूलिंग, डुअल इंटेक्स (ऊपर आ नीचे), आ एगो क्वाड-एग्जॉस्ट पोर्ट डिजाइन बा। एसर यूजर के नाइट्रोसेंस यूटिलिटी ऐप के इस्तेमाल कs के पंखा के स्पीड, लाइट जइसन चीजन के कंट्रोल करे देत बा।

486430cookie-checkAcer Nitro 5: लॉन्च भइल एसर के तगड़ा गेमिंग लैपटॉप, फीचर बना दी दीवाना

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.