[the_ad_group id="30365"]

एक अरब रुपया से बदली नौतनवां-सोनौली कस्बा के सूरत, एसडीएम कइलें क्षेत्र के दौरा

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

केंद्र अउरी प्रदेश सरकार के पहल पर नौतनवां अउरी सोनौली के निम्मन दिन आवे वाला बा। बॉर्डर डेवलपमेंट एरिया के तहत लगभग एक अरब रुपया से एह दूनों कस्बा में सरकारी भवन के निर्माण करावल जाई। व्यापार, ट्रांसपोर्टेशन, शिक्षा अउरी चिकित्सा के भी बढ़ावा देवे खातिर कई बड़ परियोजना के धरातल पर उतारल जाई।

एसडीएम दिनेश कुमार मिश्रा 40 से 50 एकड़ जमीन के चिन्हित करे के काम प्रारंभ कs देहल गइल बा। बुधवार भिन्नही नौतनवां अउरी सोनौली क्षेत्र के कई स्थान के दौरा क के भूमि के निरीक्षण कइलें। एसडीएम बतवलें कि बॉर्डर डेवलपमेंट एरिया के तहत 105 करोड़ रुपया स्वीकृत भइल बा।

कस्बा नौतनवां में गेस्ट हाउस, सोनौली क्षेत्र के त्रिलोकपुर में ट्रांसपोर्टेशन अउरी पार्क, आईसीपी लैंड से सटल ग्राम सुकरौली में इंडो नेपाल सीमा के हाईटेक मुख्य द्वार सहित अलग-अलग स्थान पर शिक्षण संस्थान, अस्पताल, सरकारी ढाबा अउरी रेस्टोरेंट, मार्केट, मॉल आदि के निर्माण कार्य प्रस्तावित बा।

एकरे खातिर भूमि तलाशल जा रहल बा। ऊ बतवलें कि सरकारी भूमि के संगही कुछ काश्तकारन के भी भूमि सर्किल रेट के हिसाब से कीनल जाई। एह दौरान अधिशासी अधिकारी सुनील कुमार सरोज, लेखपाल विक्की साहनी आदि लोग मौजूद रहल।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]