[the_ad_group id="30365"]

पीएम मोदी आज साबरमती रिवरफ्रंट एफओबी के करिहें लोकार्पण, कच्छ के भी करिहें दौरा

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी शनिचर के गुजरात के साबरमती में एक रिवरफ्रंट फुट ओवर ब्रिज के लोकार्पण करिहें। अहमदाबाद के प्रसिद्ध पर्यटन स्थल साबरमती रिवरफ्रंट आपन एक दशक पूरा कइलें बा। पर्यटकन के उछाह के देखत इहां एलिस अउर सरदार पुल के बीच फुट ओवर ब्रिज के रूप में एक नया आकर्षण जोड़ल गइल बा। 300 मीटर के ई पुल साबरमती रिवरफ्रंट के पुरुब अउरी पच्छीम छोर के जोड़sला।

एकरे अलावा प्रधानमंत्री रविवार के कच्छ के अंजार कस्बा में वीर बालक स्मारक के अनावरण करिहें। 26 जनवरी, 2001 के आइल भूकंप में कच्छ के अंजार कस्बा में एगो रैली में भाग लेवे पहुंचल 185 स्कूली बचवे अउरी 20 शिक्षक इहां मलबा में दब गइल रहलें।

ई त्रासदी पूरा दुनिया के हिला के रख देहलें रहे। उनला याद में ई स्मारक बनावल गइल बा। एह त्रासदी में जान गंवावे वालन के 100 परिवारन के उद्घाटन समारोह में आमंत्रित कइल गइल बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]