[the_ad_group id="30365"]

इलेक्ट्रॉनिक बस : लखनऊ में बढ़ल ई-बस के बेड़ा, योगी दिखवलें हरिहर झंडी, करीब 15 हजार यात्रियन के मिली राहत

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ गुरुवार के 42 इलेक्ट्रिक बस के हरिहर झंडी दिखवलें। एकरे सथही राजधानी में ई-बस के बेड़ा गुरुवार के बढ़ गइल। एहमें से 34 राजधानी के चार रूट पर चली। जेसे करीब 15 हजार यात्रियन के राहत मिली। आठ बस कानपुर में चली।

लखनऊ सिटी ट्रांसपोर्ट के प्रबंध निदेशक पल्लव बोस बतवलें कि अभिन लखनऊ के 22 रास्ता पर 105 ई-बस चल रहल बा। एसे रोजाना 35 से 40 हजार यात्री सफर क रहल बानें। अब बेड़ा में 34 अउरी ई-बस शामिल हो गइला से दैनिक यात्रियन के बड़िये राहत मिली।

नयका बसन में गुरुवार से सफर कइल जा सकेला। एके विराजखंड बस स्टैंड से पीजीआई वाया अहिमामऊ, लू-लू मॉल, तेलीबाग रूट पर चलावल जाए ले रहल लेकिन एके निरस्त कs देहल गइल बा। एकरे जगह लखनऊ से नैमिष के रूट जोड़ल गइल बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]