कार्तिक-संजीवनी के 10,000 मीटर मे सोना(स्वर्ण पदक) पs कब्जा

Share

लमहर दूरी के धावक कार्तिक कुमार 10,000 मीटर (29:20.21 ) से आ संजीवनी जाधव  10,000 मीटर (33:13:07 ) सनिचर के फेडरेशन कप सीनियर एथेलेटिक्स के पहिला दिने सोना पs कब्जा जमावल लो।

संजीवनी जाधव

एश्वर्या मिश्रा महिला लोगन के 400 मीटर के दउर 52.41 सेकेंड के व्यक्तिगत सर्वश्रेष्ठ प्रदर्शन के संगे जीतली। राष्ट्रीय रिकॉर्ड धारक लमहर कूद के खिलाड़ी एम श्रीशंकर (8.09 मीटर) क्वालिफ़ाइंग में फेर से आठ मीटर के आंकड़ा पार कइले। पोल वाल्ट में तमिलनाडु के रोजा कुमारी 4 मीटर के दूरी तय करे आला पांचवां महिला खिलाड़ी बनली।

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-