[the_ad_group id="30365"]

Chhattisgarh Blast: बीजापुर में नक्सलियन के एगो आउर धमाका, आईईडी धमाका में दुगो जवान घायल

सांकेतिक तस्वीर
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

छत्तीसगढ के बीजापुर जिला में एक बेर फेर नक्सलियन के ओर से प्लांट आईईडी के चपेट में आके सुरक्षाबलन के जवान घायल हो गइल बा लो। घायलन के उपचार खातिर बीजापुर अस्पताल ले आवल गइल बा। घायल जवानन के नाम मृदुल बर्मन आ मोहम्मद इसहाक बा। जेकरा गोड़ में चोट लागल बा। दुनो जवान कोबरा यूनिट से बा लो आ रायपुर रेफर कs दिहल गइल बा लो।

मिलल जानकारी के मोताबिक, जिला के बासागुड़ा थाना क्षेत्र पुतकेल कैंप से सीआरपीएफ आ कोबरा के संयुक्त पार्टी एरिया डॉमिनेशन पs निकलल रहे। एरिया डॉमिनेशन ड्यूटी के दौरान नक्सलियन द्वारा प्लांट कइल गइल आईईडी के ब्लास्ट होखला से एकरा चपेट में आके सुरक्षाबल के दुगो जवान घायल हो गइल लो।

दुनो घायल जवानन के बीजापुर अस्पताल ले आवल गइल। इहां ओह लोगन के उपचार चल रहल बा। बतावल गइल बा कि जवानन के हालत सामान्य आ खतरा से बाहर बतावल गइल बा। बता दीं कि बीतल 12 जनवरी के जांगला थाना क्षेत्र के जैगुर के लगे नक्सलियन के ओर से आईईडी प्लांट कइल गइल रहे। जवना के चपेट आके में डीआरजी के दुगो जवान रामसाय मज्जि आ गजेंद्र साह घायल हो गइल लो। ओह लोगन के बेहतर उपचार खातिर रायपुर भेजल गइल बा।

Read Also: Saif Ali Khan Attacked: सैफ अली खान पs भइल हमला ममिला में पुलिस के एक्शन, हिरासत में तीन संदिग्ध

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]