[the_ad_group id="30365"]

Saif Ali Khan Attacked: सैफ अली खान पs भइल हमला ममिला में पुलिस के एक्शन, हिरासत में तीन संदिग्ध

सैफ अली खान पर हुआ जानवेला हमला - फोटो : इंस्टाग्राम@actorsaifalikhan
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

बॉलीवुड अभिनेता सैफ अली खान पs भइल हमला के ममिला में पुलिस तीन संदिग्धन के हिरासत में लेले बिया आ पूछताछ करे खातिर ओकनी के पुलिस स्टेशन लेके गइल बिया। दरअसल, अभिनेता पs बुध के देर रात मुंबई के बांद्रा (पश्चिम) इस्थित उनका घर में ‘डकैती’ के प्रयास में एगो घुसपैठिया हमला कs देलस। रिपोर्ट्स के मोताबिक, नौकरानी चोर के सबसे पहिले देखलस। दुनो के बीच बहस भइल आ जब अभिनेता इस्थिति के शांत करे के कोसिस कइलें तs घुसपैठिया उनका पs कइयन बेर चाकू से वार कइलस।

सैफ अली खान - फोटो : सोशल मीडिया
सैफ अली खान – फोटो : सोशल मीडिया

अस्पताल में अभिनेता

हमलावर मवका से भागे में कामयाब हो गइल। घटना रात करीब दु बजे भइल। अभिनेता के सबेरे 3:30 बजे लीलावती अस्पताल ले जाइल गइल। फिलहाल उनकर ऑपरेशन कइल जा रहल बा। पुलिस हमला के जांच सुरू कs देले बिया। हमलावर के खिलाफ एफआईआर दर्ज कs लिहल गइल बा। रिपोर्ट के अनुसार, खान के छव गो चोट आइल बा, जवना में से दुगो गहिराह चोट आइल बा।

सैफ अली खान – फोटो : इंस्टाग्राम-@saifalikhan_online

अस्पताल के बयान

लीलावती अस्पताल के सीईओ नीरज उत्तमानी एगो बयान में कहलें, ‘सैफ अली खान के सबेरे 3.30 बजे लीलावती (अस्पताल) ले आवल गइल बा। उनका छव गो चोट आइल बा, जेमे से दुगो गहिराह बा। एगो चोट उनका रीढ़ के करीब बा। हमनी के उनका ऑपरेशन कs रहल बानी सs। उनकर ऑपरेशन न्यूरोसर्जन नितिन डांगे, कॉस्मेटिक सर्जन लीना जैन आ एनेस्थेटिस्ट निशा गांधी द्वारा कइल जा रहल बा। हमनी के सर्जरी के बादे नुकसान के सीमा के बारे में बता पाएम सs।’

Read Also: Breaking News: सैफ अली खान के घर में घुसके चाकू से हमला, लीलावती अस्पताल में भर्ती भइले स्टार

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]