[the_ad_group id="30365"]

बंगाल में फिर मचल घमासान: ममता के खिलाफ भाजपा के हल्लाबोल, हिरासत में लिहल गइलें सुवेंदु अधिकारी

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

पश्चिम बंगाल के राजनीति में एक बेर फिर से घमासान शुरू हो गइल बा। भाजपा नेता ममता बनर्जी के खिलाफ एक बेर फिर से मोर्चा खोल दिहलें। दरअसल, प्रदेश भाजपा अपने दिग्गज नेता के नेतृत्व में नबान्न अभियान छेड़ दिहले बानें, जेमें सब कार्यकर्ता राज्य सचिवालय नबान्न के ओर मार्च निकाल रहल बानें। एह बीच ताजा जानकारी सोझे आ रहल बा कि रानीगंज रेलवे स्टेशन के बहरा भाजपा कार्यकर्ता अउरी पुलिस के बीच झड़प हो गइल रहे। एकरे बाद पुलिस कई कार्यकर्ता के हिरासत में ले लिहलें। बता देईं कि पुलिस के तरफ से एह अभियान खातिर भाजपा के अनुमति नाइ मिलल।

हिरासत में लिहल गइलें सुवेंदु अधिकारी

भाजपा नेता अउर बंगाल विधानसभा में नेता प्रतिपक्ष सुवेंदु अधिकारी के हिरासत में ले लिहले बानें। ऊ नबान्न मार्च में शामिल होखे जात रहलें। उहवें हिरासत में लिहले के बाद सुवेंदु कहलें कि ई शांतिपूर्ण आंदोलन हवें। ई भ्रष्टाचार अउरी बेरोजगारी के खिलाफ हल्लाबोल हवे। बंगाल के जनता ममता जी के संगे नाइ बा एहलिए ऊ बंगाल में उत्तर कोरिया के तरे तानाशाही कs रहल बाड़ी।
[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]