[the_ad_group id="30365"]

गोरखपुर में बोलले सांसद रवि किशन: भारत जोड़ो नाइ, भारत तोड़ो यात्रा कs रहल बानें राहुल गांधी

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

गोरखपुर के साम्सन्द कहलें कि कांग्रेस अध्यक्ष राहुल गांधी भारत जोड़ो यात्रा पs नाइ, भारत तोड़ो यात्रा पर निकलल बानें। राहुल गांधी के कारण कांग्रेस के तमाम दिग्गज नेता पार्टी छोड़ रहल बानें। उनकर पार्टी टुटला के कगार पर बा। उनके आपन पार्टी जोड़ले पर ध्यान देवे के चाहीं। ई बात सदर सांसद रविकिशन कहलें। ऊ सोमार के एनेक्सी भवन में पत्रकार वार्ता के दौरान आपन बात रख रहल बानें।

उ कहलें कि राहुल गांधी 2024 के चुनाव के तैयारी में लागल बानें। उनकर ई तैयारी एकदम फेल होई। 2024 चुनाव से पहिले उनके गुजरात, राजस्थान अउरी छत्तीसगढ़ विधानसभा चुनाव में हार के मुंह देखे के पड़ी।

उत्तर प्रदेश में हो रहल गैर मान्यता प्राप्त मदरसन के जांच पर सांसद कहलें कि गैर कानूनी जगह पर ही गैर कानूनी कार्य होला। अइसन में मदरसा के जांच जरूरी बा। योगी आदित्यनाथ के सरकार जब से प्रदेश में आइल बा तब से भ्रष्टाचार खतम हो गइल बा।

ज्ञानवापी के मामला पर सांसद कहलें कि महादेव जहाँ बानें, उहां स्वयंभू बानें। अगर ऊ ज्ञानवापी में दिखलें त भव्यता के संगे उनकर स्वागत होखे के चाहीं। उ शंकराचार्य स्वामी स्वरूपानंद सरस्वती के निधन पर शोक व्यक्त करत कहलें कि हमनीके उनकर आशीर्वाद लेहले के अवसर मिले के रहल। उनकर निधन दुखद बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]