[the_ad_group id="30365"]

सुरंग बनाके रेल इंजन के पार्ट्स के चोरी के सनसनीखेज ममिला, CRPF के रिटायर्ड जवान समेत 7 अरेस्ट

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

बिहार में बेगूसराय के गढ़हारा रेलवे यार्ड के विद्युत लोको शेड परिसर से रेल इंजन के पार्ट्स आ तांबा के क्वायल के चोरी के सनसनीखेज खुलासा भइल बा। चोर लोकोमोटिव शेड के चहारदीवारी के नीचे सुरंग बनाके रेल इंजन के पार्ट्स के चोरी करत रहले सs। एह ममिला में सीआरपीएफ के रिटायर्ड जवान सहित सात आरोपी अभी ले गिरफ्तार कइल गइल बा लो।

महीनन चलत रहल चोरी के सिलसिला

गौर करे आला बात बा कि बरौनी गढहारा रेलवे यार्ड में विद्युत लोको शेड में ढेड़ साल पहिले 16 रेलवे डीजल इंजन विद्युत लोको शेड बरौनी में रखल गइल रहे। एही बीच चोर सुरंग बनवले सs आ रेल इंजन के पार्ट्स आ तांबा के क्वायल के चोरी कइले सs। ई सिलसिला महीनन तक चलत रहेला बाकिर केहू के भनको ना लागल।

7 नवंबर के पकड़ल गइल पहिला चोर

एही बीच 7 नवंबर के आरपीएफ मल्हीपुर बिंद टोली निवासी गुड्डू कुमार निषाद के चोरी के आरोप में पकड़ले रहे। पूछताछ के दौरान ऊ मुकेश कुमार के नाम कबूललस, जवना के गिरफ्तार कइल गइल। एकरा बाद बिहट गांव में कबाड़ी मालिक सन्नी कुमार के गिरफ्तार कइल गइल।

मुजफ्फरपुर में छापेमारी में भइल बरामदगी

एह तीनो के निशानदेही पs मुजफ्फरपुर में बड़ छापेमारी कइल गइल। इहां एगो कबाड़ी के दुकान से 13 बोरन में रखल इंजन के पार्ट्स पुलिस बरामद कइलस। हैरानी वाला बात ई बा कि पकड़ल गइल एगो चोर सीआरपीएफ के रिटायर्ड जवान हs। ओकर पहचान चंदन कुमार के रूप में भइल बा।

इंजन चोरी के खबर भ्रामक

एह संबंध में सोनपुर रेल मंडल के सीपीआरओ वीरेंद्र कुमार बतवलें, “मीडिया में 16 डीजल इंजन के चोरी ले खबर आइल बा। ई भ्रामक बा, खाली पार्ट्स चोरी भइल बा, जेमे कार्रवाईयो कइल गइल बा। चोरी कइल गइल 95 फीसदी सामान के बरामदगियो कs लिहल गइल बा”।

बता दीं कि गढ़हारा यार्ड में अत्याधुनिक विद्युत लोको शेड के निर्माण करावल गइल रहे। ई करीब चार सौ एकड़ में फइलल बा। एही के अंदर रेलवे इंजन रखल गइल रहे, बाकिर चोर रेल इंजन के पार्ट्स खोल-खोलके वारदात के अंजाम देले सs।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]