Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

नीतीश के खिलाफ आजु हुंकार भरिहें अमित शाह, भाजपा के रैली में JDU कार्यकर्ता लोग के भी नेवता

188

बिहार में जदयू-भाजपा गठबंधन टूटला के बाद पहिला बेर केंद्रीय गृहमंत्री अमित शाह आजु बिहार के दौरा करे वाला बानें। ऊ इहां पूर्णिया में होखे वाली एगो रैली के संबोधित करे खातिर आए वाला बानें। खास बात ई बा कि एह रैली में भाजपा जदयू कार्यकर्ता लोग के भी शामिल होखे खातिर नेवता भेजले बिया।

भारतीय जनता पार्टी के ई चाल नीतीश कुमार के खेमें में हलचल बढ़ा देहलें बा। उहवें एह पर भाजपा प्रदेश अध्यक्ष संजय जायसवाल के कहनाम बा कि जदयू के सब नेता अउर कार्यकर्ता लोग के नेवता बा, ऊ रैली में जरूर आवें।

हमनी से बेहतर केहू नाइ समझsला जदयू कार्यकर्ता लोग के दर्द

संजय जायसवाल कहलें, नीतीश कुमार राजद-कांग्रेस के संगे गठबंधन कइला के बाद जदयू कार्यकर्ता के भी सोचे खातिर मजबूर कs दिहल गइल बा। हमनी के एह कार्यकर्ता के संगे दशक ले कंधे से कंधा मिलाकर काम कइले बानीं जा। एहीलिए इनकर दर्द हमनीसे बेहतर केहू नाइ समझ सकsता। उ कहलें, अगर जदयू कार्यकर्ता रैली में शामिल होतने, त उनके पहिले जइसन मान-सम्मान बरकरार रही।

दू दिन के दौरा पs बानें शाह

केंद्रीय गृह मंत्री अमित शाह दू दिन के दौरा पर आजु बिहार पहुंचिहें। आजु पूर्णिया में विशाल जनसभा के बाद उ किशनगंज में भाजपा कोर कमेटी के बैठक करिहें। एकरे बाद भारत-नेपाल सीमा पs एसएसबी अधिकारियन के संगही बैठक करिहें। बता देईं, बिहार में सत्ता से बाहर होखला के बाद भाजपा के ई पहिला बड़ कार्यक्रम ह। एह रैली के जरिए भाजपा बिहार में आपन ताकत देखावे के कोशिश करी।

338660cookie-checkनीतीश के खिलाफ आजु हुंकार भरिहें अमित शाह, भाजपा के रैली में JDU कार्यकर्ता लोग के भी नेवता

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.