[the_ad_group id="30365"]

Rajya Sabha: त्रिपुरा के पूर्व मुख्यमंत्री बिप्लब कुमार देब राज्यसभा खातिर चुनल गइले, 58 में से 43 वोट मिले

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

त्रिपुरा के पूर्व मुख्यमंत्री बिप्लब कुमार देब राज्यसभा सीट पs जीत हासिल कइले। बिप्लब कुमार देब 58 में से 43 वोटन के संगे राज्यसभा खातिर चुनल गइल।  उपचुनाव खातिर आज मतदान भइल । ऊ ट्वीट कइले कि हमरा के राज्यसभा सांसद के रूप में चुने खातिर त्रिपुरा के भाजपा आ आईपीएफटी विधायकन के आभार! गौर करे आला बात बा कि त्रिपुरा के ई राज्यसभा सीट माणिक साहा के मुख्यमंत्री बनला के बाद खाली भइल रहे। उपचुनाव 22 सितंबर के भइल। विधानसभा में भाजपा बहुमत में बिया। अइसन में बिप्लब के जीत लगभग तय रहे।

एकरा पहिले नामांकन पत्र दाखिल कइला के बाद देब पत्रकारन से कहले रहस कि प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी आ पार्टी के शीर्ष नेतृत्व हमरा के हरियाणा खातिर भाजपा के प्रभारी बनवले आ त्रिपुरा से राज्यसभा सीट पs उपचुनाव खातिर कइले। हम दुनो राज्यन में पार्टी के संगठन के मजबूत करे खातिर  सर्वश्रेष्ठ प्रयास करेम।

ऊ भाजपा नेता लोगन से आ कार्यकर्ता से पूर्वोत्तर राज्य में 2023 के विधानसभा चुनाव खातिर एकजुट होके लड़े के आह्वान कइले रहस। देब कहले रहस कि भाजपा 2018 में 60 सदस्यीय विधानसभा के36 सीट जीतले रहे आ हमनी के ई सुनिश्चित करे के चाहीं कि अगिला साल सदन में पार्टी के ताकत बढ़े। भाजपा नेता माणिक साहा के अगुवाई वाला राज्य सरकार के ‘‘लोगन के आकांछा के पूरा करे ’’ में ओकर प्रदर्शन खातिर सराहना कइले रहस।

देब राज्यसभा के जवना सीट पs उपचुनाव लड़ले, ऊ साहा के इस्तीफा से खाली भइल रहे, जिनका के उनका स्थान पs मुख्यमंत्री बनावल गइल रहे। भाजपा आ ओकर सहयोगी दल आईपीएफटी के सदन में 44 विधायक बा जबकि वाम मोर्चा के 15 आ कांग्रेस के एगो विधायक बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]