Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

एयरटेल के 184 देश में फ्री डाटा अउर कॉलिंग वाला प्लान, शुरुआती कीमत 649 रुपया

282

भारत के दूसरका सबसे बड़ टेलीकॉम कंपनी भारती एयरटेल विदेश यात्रा करे वाले भारतीयन खातिर वर्ल्ड पास रिचार्ज प्लान के लॉन्च कर दिहले बा। प्लान के शुरुआती कीमत 649 रुपया बा। प्लान में एटरटेल यूजर्स के 184 देश में फ्री इंटरनेट अउर कॉलिंग के सुविधा मिली। अभीन ले टेलीकॉम कंपनियन के पास अलग-अलग देश खातिर अलग-अलग रिचार्ज प्लान अउर पैक रहल।

दरअसल, कोरोना महामारी के बाद काम अउर अवकाश दूनों खातिर अंतर्राष्ट्रीय यात्रा में भारी उछाल आइल बा। भारत में एह साल अंतरराष्ट्रीय यात्रियन के संख्या में तीन गुना के वृद्धि देखल गइल। कहल जा रहल बा कि ई आंकड़ा अगिला एक साल में दोगुना हो जइहें। अइसे में एयरटेल विदेश यात्रा करे वालन के ध्यान में रख के ई प्लान पेश कइले बा। एह प्लान में ग्राहकन के दुनिया के कौनो देश में 24X7 कॉल सेंटर के सपोर्टो मिली।

एयरटेल के वर्ल्ड पास पोस्ट-पेड प्लान

  • एयरटेल के नए वर्ल्ड पास रिचार्ज के शुरुआती कीमत 649 रुपया बा। 649 रुपया वाले प्लान के संगे खाली एक दिन के वैलिडिटी मिलेला। प्लान के साथ लोकल अउर इंडिया में कॉलिंग खातिर 100 मिनट अउर 500 एमबी हाई स्पीड डाटा के सुविधा मिलsला।
  • 2,999 रुपया वाला प्लान- एयरटेल के एह प्लान में 10 दिन के वैलिडिटी मिलsला। प्लान में 5 जीबी डाटा अउर कॉलिंग खातिर 100 मिनट प्रतिदिन के सुविधा बा।
  • 3,999 रुपया वाला प्लान- एह प्लान में पूरा एक महीना के वैलिडिटी मिलsला। प्लान में प्रतिदिन 100 मिनट के वॉयस कॉलिंग अउर 12 जीबी डाटा मिलsला।
  • 5,999 रुपया वाला प्लान- एह प्लान के साथ 90 दिन के वैलिडिटी के संगे 900 मिनट (15 घंटा) के वॉइस कॉलिंग अउर 2 जीबी डाटा मिलsला।
  • 14,999 रुपया वाला प्लान- एह प्लान के संगे पूरे एक साल के वैलिडिटी मिलsला। प्लान में 3000 मिनट वॉइस कॉलिंग अउर 15 जीबी डाटा मिलsला।

एयरटेल के वर्ल्ड पास प्री-पेड प्लान

एयरटेल वर्ल्ड पास प्री-पेड प्लान के रूप में चार प्लान लॉन्च कइल गइल। एह प्लान में सबसे सस्ता प्लान 649 रुपया के बा। एह प्लान में एक दिन के वैलिडिटी के संगही 500 एमबी डाटा अउर 100 मिनट के कॉलिंग सुविधा मिलsला। 899 रुपया वाले प्लान में 10 दिन के वैलिडिटी, 100 मिनट कॉलिंग अउर 5 जीबी डाटा मिलsला। एयरटेल के 2,998 रुपया वाला वर्ल्ड पास प्री-पेड प्लान में 30 दिन के वैलिडिटी के साथ 200 मिनट के कॉलिंग अउर 5 जीबी डाटा मिलsला। उहवें 2,997 रुपया वाले प्लान में एक साल के वैलिडिटी अउर 100 मिनट वॉइस कॉलिंग मिलsला। एह प्लान में 2 जीबी डाटा दिहल जाला

404570cookie-checkएयरटेल के 184 देश में फ्री डाटा अउर कॉलिंग वाला प्लान, शुरुआती कीमत 649 रुपया

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.