Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

Amazon पर सुरू भइल स्मार्टफोन अपग्रेड डेज सेल, 40 प्रतिशत तक डिस्काउंट प किनी फोन

शॉपिंग प्लेटफॉर्म Amazon प स्मार्टफोन अपग्रेड डेज सुरू भइल बा आ एह सेल में सैमसंग, रियलमी, शाओमी आ वनप्लस जइसन ब्रैंड्स के फोन्स प 40 प्रतिशत तक के डिस्काउंट मिल रहल बा। ई सेल 15 नवंबर तक चली।

2,003

लोकप्रिय शॉपिंग प्लेटफॉर्म Amazon प Smartphone Upgrade Days सेल सुरू हो गइल बा। 12 नवंबर से सुरू भइल ई सेल 15 नवंबर तक चली आ इस दौरान स्मार्टफोन्स प 40 प्रतिशत तक के डिस्काउंट दिहल जा रहल बा। ग्राहक OnePlus, Xiaomi, Samsung, iQOO, Oppo आ Realme जइसन ब्रैंड्स के डिवाइस बड़ डिस्काउंट प किन सकत बा लो।

स्मार्टफोन्स प 40 प्रतिशत तक डिस्काउंट के अलावे ई-कॉमर्स प्लेटफॉर्म कइयन बैंक ऑफर्स के फायदो ग्राहकन के दे रहल बा। एह ऑफर्स के फायदा उठावे खातिर फोन किनत घरी बैंक ऑफ बड़ौदा भा फेडरल बैंक डेबिट चाहे क्रेडिट कार्ड्स के इस्तेमाल करे के होई आ 10 प्रतिशत के अतिरिक्त डिस्काउंट फोन के कीमत प दिहल जाई।

सैमसंग स्मार्टफोन्स प डील्स

सेल में Samsung Galaxy M13 के 9,499 रुपिया में किनल जा सकत बा। एह कीमत में बैंक कार्ड्स प मिले वाला 1,000 रुपिया के कैशबैको सामिल बा। एकरा अलावे Samsung Galaxy M53 5G आ Samsung Galaxy M32 Prime के क्रम से 21,999 रुपिया आ 11,999 रुपिया के डिस्काउंटेड प्राइस प किनल जा सकत बा। प्राइम मॉडल के संगे अमेजन प्राइम सब्सक्रिप्शन फ्री मिलेला।

एही तरे Samsung Galaxy M33 5G आ Samsung Galaxy S20 FE 5G ke क्रम से 14,999 रुपिया आ 28,740 रुपिया के डिस्काउंटेड प्राइस प किनल जा सकत बा।।

शाओमी स्मार्टफोन्स प डील्स

Redmi Note 11T 5G के सेल के दौरान 16,999 रुपिया आ Redmi 10 Power के 11,499 रुपिया में किनल जा सकी। एकरा अलावे Redmi 9 Activ, Redmi Note 11 आ Redmi K50i के क्रम से 8,550 रुपिया; 12,499 रुपिया आ 24,999 रुपिया में किने के मौका मिल रहल बा।

वनप्लस स्मार्टफोन्स प डील्स

अमेजन प चल रहल सेल में OnePlus Nord CE2 आ OnePlus 10R Prime के 23,499 रुपिया आ 29,499 रुपिया के सुरुआती कीमत प किनल जा सकत बा।

रियलमी स्मार्टफोन्स प डील्स

जदि रउआ रियलमी स्मार्टफोन किनल चाहत बा त 10,000 रुपिया से कम में दु गो दमदार मॉडल्स के किनल जा सकत बा। डिस्काउंट्स के संगे Realme Narzo 50 4G के 9,999 रुपिया में आ Realme Narzo 50i के 5,749 रुपिया में किने के मौका मिल रहल बा। एह डिवाइसन के छव महीना तक के नो-कॉस्ट EMI प किनल जा सकत बा।

iQOO के 5G फोन प डील

ग्राहकन के iQOO Neo 6 5G स्मार्टफोन अमेजन सेल में खाली 24,999 रुपिया के सुरुआती कीमत प किने के मौका मिल रहल बा। तीन आ छह महीने तक खातीर एह डिवाइस के नो-कॉस्ट EMI के साथहूं किनल जा सकत बा।

378380cookie-checkAmazon पर सुरू भइल स्मार्टफोन अपग्रेड डेज सेल, 40 प्रतिशत तक डिस्काउंट प किनी फोन

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.