Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

Amazon प सुरू भइल सबसे सस्ता 5G फोन के SALE, आज किने वालन के मिली एतना डिस्काउंट

1,411

Lava Blaze 5G Sale in India: लावा के ब्लेज 5जी के देश के सबसे सस्ता 5जी फोन के टैग दिहल गइल बा। LAVA, असल में भारतीय मोबाइल निर्माता कंपनी ह। एकर लेटेस्ट फोन Lava Blaze 5G के बिक्री आज से अमेजन प सुरू हो गइल बा।

एकरा संगही ई फोन Flipkart आ Snapdeal प उपलब्ध बा। जदि रउआ एह फोन के किनल चाहत बानी त रउआ आज लॉन्च डे स्पेशल ऑफरो के लाभ मिली। कंपनी एह फोन प 1000 रुपिया के लॉन्च डे स्पेशल ऑफर दे रहल बिया। एकर कीमत 10,999 बा, बाकिर स्पेशल लॉन्च डे ऑफर के तहत 1000 रुपिया डिस्काउंट के बाद ई 9999 रुपिया में उपलब्ध बा

Lava एकरा के लेके ट्वीटो कइलस। Lava Blaze 5G हैंडसेट में 7nm MediaTek Dimensity 700 5G चिपसेट/प्रोसेसर बा। Blaze 5G में ट्रिपल प्राइमरी कैमरा सेटअप बा आ ई Android 12 प चलेला। एह फोन के वजन करीब 207 ग्राम बा आ आकार में ई 165.3×76.4×8.9mm बा।

 

 

स्टोरेज के बात करीं त ई 4GB RAM + 3GB वर्चुअल RAM आ 128GB स्टोरेज के संगे आ रहल बा। एकर डिस्प्ले 6.5 इंच HD+ IPS बा आ 50 MP प्राइमरी कैमरा के संगे ट्रिपल रियर कैमरा बा। एमे सेल्फी खातिर 8MP फ्रंट कैमरा बा आ  एमे फेसअनलॉकिंग सिस्टमो ब। Lava Blaze 5G में 2k वीडियो रिकॉर्डिंंग के सुविधा बा आ ई ब्यूटी, HDR, नाइट, पोर्ट्रैट , पनोरमा, स्लो मोशन, मैक्रो, AI, Pro, UHD, फिल्टर्स, GIF, टाइमलैप्स आ QR स्कैनर जइसन फीचर्स के साथे आ रहल बा।

381150cookie-checkAmazon प सुरू भइल सबसे सस्ता 5G फोन के SALE, आज किने वालन के मिली एतना डिस्काउंट

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.