थोड़े देर में आसमान में दिखी अद्भुत नजारा, 6 ग्रह करीं परेड, जानीं कइसे देख सकेंनी?

6 ग्रह करीं परेड

Share

आज यानी मंगल के रात अंतरिक्ष में एगो महत्वपूर्ण खगोलीय घटना होई, जवना में छह गो ग्रह सीधा रेखा में देखाई दिहे मने कि छह गो ग्रह एक संगे परेड करीहे। एह में से चार गो ग्रह के रउरा बिना दूरबीन के मने कि नग्‍न आँख से देख सकीलें. तs तइयार रहीं, रउरा घर में बइठ के अंतरिक्ष में एह चारो ग्रहन के खुला आँख से देख सकीलें.  खबर के मुताबिक 21 जनवरी से प्लैनेटरी परेड शुरू हो रहल बा अवुरी ग्रह के परेड के इs नजारा भारत समेत पूरा दुनिया में देखाई दिही।

ग्रहन के परेड कब देख सकेनी?
भारत में आज रात के करीब 8:30 बजे से ग्रह के इs परेड देखाई दिही। कुछ मीडिया रिपोर्ट में इहो कहल गइल बा कि एह परेड के देखे के सबसे बढ़िया समय रात 8 बजे से 11 बजे ले के बीच होखी. एकरा बाद 8 मार्च के एक बेर फेरु से ई परेड देख सकेनी।

ग्रह परेड कइसे देख पाईब?

ग्रह परेड ग्रह सभ के एगो खास स्थिति हवे जब सूरज के एक ओर पृथ्वी समेत कई गो ग्रह सभ के लाइन लागे ला आ आसमान में सीधा रेखा लउके ले जेकरा के ग्रह संरेखण कहल जाला। ई आयोजन 2025 में दू बेर होखे वाला बा. आज पहिला बेर शुक्र, मंगल, बृहस्पति, शनि, वरुण (नेप्च्यून), आ अरुण (यूरेनस) एक संगे सीधा रेखा में देखाई दिही। नासा के मुताबिक बिना दूरबीन के शुक्र, मंगल, बृहस्पति अवुरी शनि के देखल जा सकता। बाकिर नेपच्यून आ यूरेनस के देखे खातिर दूरबीन के जरूरत पड़ी.

इहो पढ़ीं: अतवारी छौंक: ‘बात कुछ पुरनका दौर के’ बस कंडेक्टर से बॉलीवुड, दिलचस्प प्रेम कहानी आ फेर राजनेता, कुछ अइसन चलल सुनील दत्त के करावां

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-