ED Raid: पटना, नालंदा सहित तीन शहरन में ईडी के छापा

By Anurag Ranjan

Published on: Jan 22, 2025

पटना। प्रवर्तन निदेशालय के टीम रेलवे क्लेम घोटाला में बड़ कार्रवाई कइले बिया। पटना, नालंदा आ बेंगलुरु में कइयन ठिकानन पs छापेमारी कs रहल बिया। ईडी के एह कार्रवाई से हड़कंप मच गइल बा। ईडी

Share

ED Raid: पटना, नालंदा सहित तीन शहरन में ईडी के छापा

पटना। प्रवर्तन निदेशालय के टीम रेलवे क्लेम घोटाला में बड़ कार्रवाई कइले बिया। पटना, नालंदा आ बेंगलुरु में कइयन ठिकानन पs छापेमारी कs रहल बिया। ईडी के एह कार्रवाई से हड़कंप मच गइल बा। ईडी के अलग-अलग टीम पटना में तीन, नालंदा में एक आ बेंगलुरु में एक जगह पs छापेमारी कs रहल बिया।

बतावल जा रहल बा कि रेलवे कर्मचारियन के नाम पs फर्जी दस्तावेजन के माध्यम से 100 करोड़ रुपिया के हेराफरी कइल गइल रहे। एमे रेलवे के न्यायिक अधिकारी, वकील आ सरकारी कर्मचारियन के भूमिका के बात सामने आइल रहे। एह ममिला में रेलवे न्यायिक अधिकारी आरके मित्तल के पहिलही बर्खास्त कइल जा चुकल बा। अब ईडी के टीम आरके मित्तल आ उनका वकील बीएन सिंह के ठिकानन पs छापेमारी कs रहल बिया।

Read Also: UP Weather: शीतलहर के संगे एह जिलन में आज बरखा के चेतावनी के संगे कोहरा आ वज्रपात के अलर्ट

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.