ओडिशा-छत्तीसगढ़ सीमा पs एनकाउंटर में 14 से जादा नक्सली ढेर, सुरक्षाबलन के मिलल बड़ कामयाबी

By Anurag Ranjan

Published on: Jan 21, 2025

नक्सली के खिलाफ अभियान में सुरक्षा बल के बहुत सफलता मिलल बा। ओडिशा-छत्तीसगढ़ सीमा पs भइल मुठभेड़ में 14 से अधिका नक्सली लोग के मउत के खबर बा. छत्तीसगढ़ पुलिस के मुताबिक इs मुठभेड़ छत्तीसगढ़-ओडिशा सीमा

Share

ओडिशा-छत्तीसगढ़ सीमा पs एनकाउंटर में 14 से जादा नक्सली ढेर

नक्सली के खिलाफ अभियान में सुरक्षा बल के बहुत सफलता मिलल बा। ओडिशा-छत्तीसगढ़ सीमा पs भइल मुठभेड़ में 14 से अधिका नक्सली लोग के मउत के खबर बा. छत्तीसगढ़ पुलिस के मुताबिक इs मुठभेड़ छत्तीसगढ़-ओडिशा सीमा पs गरियाबंद इलाका में भईल। पुलिस के कहनाम बा कि नक्सलियन से मुठभेड़ अबो भी जारी बा।

ऑपरेशन लगातार जारी बा
छत्तीसगढ़-ओडिशा सीमा पs नक्सलियन के सफाया करे खातिर सुरक्षा बल के अभियान 24 घंटा से अधिका से चलत बा. एकरा से पहिले सोमार के एगो मुठभेड़ भईल रहे, जवना में महिला नक्सली के हत्या भईल रहे। एही समय सीआरपीएफ के कोबरा बटालियन के एगो जवान घायल हो गईल। एकरा बाद सोमार के देर रात अवुरी मंगल के सबेरे मुठभेड़ भईल, जवना में 14 से जादे नक्सली के मउत के खबर आईल।

अभियान में के के शामिल बा?
छत्तीसगढ़ के कुलारीघाट रिजर्व वन में भारी संख्या में नक्सली भा माओवादी के मौजूदगी के जानकारी सुरक्षा बल के मिलल रहे। ई इलाका ओडिशा के नुआपाड़ा जिला के सीमा से लगभग पाँच किलोमीटर दूर बा। एकरा बाद 19 जनवरी के रात में सुरक्षा बल नक्सली के खिलाफ अभियान शुरू कs देलस। जानकारी के मुताबिक नक्सली के खिलाफ चलत एs अभियान में छत्तीसगढ़ से जिला रिजर्व गार्ड (डीआरजी), ओडिशा से सीआरपीएफ अवुरी एसओजी के संयुक्त टीम शामिल बिया।

इहो पढ़ीं: सैफ अली खान पs हमला के आरोपी शरीफुल कइसे पहुंचल भारत? एक्टर पs काहे कइलस अटैक?

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.