Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

LPG Cylinder: घरेलू गैस सिलेंडर के लेके भइल बड़ बदलाव, देशभर के ग्राहकों के लिए राहत!

151

LPG Gas cylinder: जदि रउओ घरेलू गैस सिलेंडर (LPG Gas Cylinder) के इस्तेमाल करत बानी त रउआ खातिर एगो निम्मन खबर बा। जलदिये देशभर में क्यूआर कोड (QR Code) वाला एलपीजी गैस सिलेंडर मिले लागी।

असल में, सरकारी तेल कंपनी इंडियन ऑयल (Indian Oil) एलपीजी सिलेंडरन खातिर यूनिट कोड-बेस्ड ट्रैक आ ट्रेस पहल सुरु कइल गइल बा। एकर जानकारी आज बुध के केन्द्रीय पेट्रोलियम मंत्री हरदीप सिंह पुरी देले।

20,000 QR कोड एलपीजी सिलेंडर भइल जारी

वर्ल्ड एलपीजी वीक 2022 (World LPG Week 2022) के अवसर प हरदीप सिंह पुरी (Hardeep singh puri) बतवलें कि सब 14.2 किलोग्राम के घरेलू गैस सिलेंडरन प क्यूआर कोड के एगो स्पेशल लेबल लगावल जा रहल बा। यूनिट कोड-बेस्ड ट्रैक के तहत पहिला फेज में क्यूआर कोड के साथे एम्बेडेड 20,000 एलपीजी सिलेंडर जारी कइल गइल।

बता दीं कि ई एक प्रकार के बारकोड ह, जवन डिजिटल डिवाइस द्वारा रीड कइल जा सकत बा। पुरी कहलें कि अगिला तीन महीनन में सब 14.2 किलोग्राम के घरेलू एलपीजी सिलेंडर प क्यूआर कोड लाग जाई।

ग्राहकन के होई फायदा

रउआ बता दीं कि QR कोड लगावे के पीछे सरकार के उद्देश्य गैस के चोरी रोकल आ सुरक्षा प्रदान कइल बा। ग्राहक क्यूआर कोड के जरिए सिलेंडर चोरी होखला प ओकरा आसानी से ट्रैक क सकेम। संगही सिलेंडर के क़्वालिटी के ऑडिट क सकेम। एह कोड के माध्यम ग्राहकन के सिलेंडर से जुड़ल सब जानकारी मिनटन में मिल जाई।

382510cookie-checkLPG Cylinder: घरेलू गैस सिलेंडर के लेके भइल बड़ बदलाव, देशभर के ग्राहकों के लिए राहत!

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.