[the_ad_group id="30365"]

स्मार्ट क्लास के सुविधा से लैस होइहें कुशीनगर जिला के सब वित्तविहीन माध्यमिक स्कूल

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

जिला के सब वित्तविहीन माध्यमिक विद्यालयन के स्मार्ट क्लास के व्यवस्था करावल अनिवार्य कs दिहल गइल बा। एकरे खातिर डीआईओएस पत्र जारी कsके स्मार्ट क्लास, कंप्यूटर लैब, प्रयोगशाला आदि के व्यवस्था कइलें के निर्देश देहलें बानें।

कुशीनगर जिला में कुल 272 माध्यमिक विद्यालय चलsला। माध्यमिक शिक्षा परिषद के सचिव के तरफ से प्रदेश के सब डीआईओएस के पत्र भेज के वित्तविहीन मान्यता प्राप्त माध्यमिक स्कूलन में स्मार्ट क्लास, पुस्तकालय, कंप्यूटर लैब, साइंस लैब, वाईफाई अउरी अलर्ट रूम के स्थापना करे के निर्देश दिहल गइल बा।

ई सब व्यवस्था विद्यालय प्रबंधन के निजी स्रोत से करे के बा। एकरे खातिर सरकार के ओर से कौनो तरह के सहायता राशि नाइ देहल जाई। विज्ञान वर्ग के मान्यता खातिर साइंस लैब अउर अन्य सब विद्यालयन के कंप्यूटर लैब बनवावल अनिवार्य होई, ताकि लइकन के पढ़ाई में कौनो तरह के परेशानी न होखे।

एह संबंध में डीआईओएस रविंद्र सिंह बतवलें कि माध्यमिक शिक्षा परिषद के सचिव के तरफ से वित्तविहीन माध्यमिक विद्यालयन में स्मार्ट क्लास, कंप्यूटर लैब, साइंस लैब, वाई-फाई आदि के व्यवस्था करावे खातिर निर्देश मिलल बा। जिला के सब प्रबंधक अउरी प्रधानाचार्य लोगन के पत्र जारी कs के निर्देश दे दिहल गइल बा। एहमें लापरवाही मिलला पर संबंधित विद्यालय के खिलाफ कार्रवाई कइल जाई।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]