Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

BPSC 67वीं PT 20 आ 22 सितंबर के: रिजल्ट में  लागू रही परसेंटाइल सिस्टम; विरोध में काल्ह पटना में मार्च करी लो अभ्यर्थी

786

बीपीएससी ने 67वीं पीटी परीक्षा से जुड़ल अभ्यर्थियन खातिर ऑफिशियल नोटिस जारी करत कहले बा है ई परीक्षा 20 आ 22 सितंबर के ही लिहल जाई। अभ्यर्थियन के मांग रहे कि पहिलही के तरे एक दिन में परीक्षा लिहल जाव। बाकिर अब आयोग एकरा से इनकार कs देले बा।

परीक्षा के विस्तृत कार्यक्रम आयोग के वेबसाइट पs जारी होई

आयोग के परीक्षा नियंत्रक 30 अगस्त के जारी सूचना में कहले बाड़े कि ’67वीं संयुक्त (प्रारंभिक) पुनर्परीक्षा में अभ्यर्थियन के संख्या अत्यधिक रहला के कारण जिला से एक चरण में परीक्षा आयोजित करे खातिर पूर्णरुपेण आवासन उपलब्ध ना हो पावत रहे। उक्त आलोक में आयोग द्वारा प्रारंभिक पुनर्परीक्षा एक से अधिक चरणन में आयोजित करे आ परीक्षा Equipercentile Equating Technique से करे के निर्णय लिहल गइल बा। परीक्षा 20 सितंबर 2022 मंगर आ 22 सिंतबर 2022 बियफे के आयोजित कइल जाई। परीक्षा के विस्तृत कार्यक्रम यथा समय आयोग के वेबसाइट www.bpsc.bih.nic.in पs प्रकाशित कइल जाई।’

8 मई के प्रश्नपत्र लीक होखला के बाद परीक्षा रद्द कइल गइल

बता दीं कि अभ्यर्थियन द्वारा ट्विटर पs एकरा के लेके विरोध अभियान चलावल गइल रहे आउर एक दिन में परीक्षा लेवे के मांग कइल रहे। 26 अगस्त के अभ्यर्थियन द्वारा परसेंटाइल सिस्टम लागू करे आ दु दिन में पीटी परीक्षा आयोजित करवावे के घोषणा के विरोध कइल गइल रहे। 8 मई के 67 वीं पीटी के प्रश्न पत्र लीक हो गइला के बाद सब सेंटर्स के परीक्षा रद्द कs दिहल गइल रहे। अब उहे परीक्षा लिहल जा रहल बा। आयोग के तर्क बा कि छव लाख से ज्यादा अभ्यर्थी होखला के वजह से आयोग के एक दिन में परीक्षा लेवे में दिक्कत हो रहल बा, एहिसे दु दिन में परीक्षा लिहल जाई।

निगेटिवो से जादे खतरनाक होखे वाला बा परीक्षा- गुरु रहमान

बीपीएससी परीक्षा के तइयारी बरिसन से करावे वाला गुरु रहमान कहत बाड़े कि जवना सिस्टम से आयोग परीक्षा लेवे जा रहल बा, ऊ निगेटिवो से जादे डेंजर होखे वाला बा। ऊ कहले कि 67वीं पीटी परीक्षा में कवनो परिस्थिति में परसेंटाइल सिस्टम लागू ना करे के चाहीं आ परीक्षा एक शिफ्ट में लेवे के चाहीं। छात्रन के हित में आयोग के चेयरमैन के एह पs पुनर्विचार करे के चाहीं।

31 अगस्त के पटना कॉलेज से जेपी गोलंबर तक विरोध में मार्च निकली

छात्र नेता दिलीप कुमार कहले कि ई बीपीएससी के तानाशाही रवैया हs। आयोग के चेयरमैन ने बातचीत के लिए 31 अगस्त के अभ्यर्थियन के बोलवले रहस। ओकरा पहिलही ई फसीला आयोग ले लेले बा। आयोग के फसीला के विरोध में छात्र 31 अगस्त के पटना कॉलेज से जेपी गोलंबर गांधी मैदान तक मार्च निकाली लो। अब सरकार से मांग होई कि एक दिन में परीक्षा पुरनके पद्धति पs लिहल जाव।

317160cookie-checkBPSC 67वीं PT 20 आ 22 सितंबर के: रिजल्ट में  लागू रही परसेंटाइल सिस्टम; विरोध में काल्ह पटना में मार्च करी लो अभ्यर्थी

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.