[the_ad_group id="30365"]

NEET PG 2022: नीट पीजी काउंसलिंग स्थगित, एमसीसी जारी कइलस अर्जेंट नोटिस

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

NEET PG 2022 Counseling Postponed: मेडिकल काउंसलिंग कमेटी (MCC) नीट पीजी (NEET PG) काउंसलिंग 2022 के स्थगित कs देले बा। एमसीसी एकर आधिकारिक अधिसूचना जारी कs देले बा। हालांकि, अभी नया तारीखन के ऐलान नइखे कइल गइल। पहिले से निर्धारित कार्यक्रम के मोताबिक, नीट पोस्ट ग्रेजुएट काउंसलिंग 01 सितंबर, 2022 से सुरू होखे के रहे।

नीट पीजी सीट संख्या में होई बढ़ोतरी

नेशनल मेडिकल कमीशन माने एनएमसी के दिशा-निरदेस के आधार पs मेडिकल काउंसलिंग कमेटी फिलहाल एकरा के टाल देले बा। बतावल गइल बा कि नीट पीजी काउंसलिंग प्रक्रिया नया कॉलेज आ सीट संख्या में बढ़ोतरी के लेके टालल गइल बा। जवना से जादे उम्मीदवारन के स्नातकोत्तर चिकित्सा शिक्षा पाठ्यक्रमन में प्रवेश मिले के रास्ता साफ हो सकी।

काउंसलिंग के नया तिथियन के बारे में अपडेट

राष्ट्रीय आयुर्विज्ञान परीक्षा बोर्ड (NBEMS) के ओर से नीट पीजी 2022 के रिजल्ट जारी कइल गइला के बादे से उम्मीदवार बेसब्री के संगे नीट पीजी काउंसलिंग के तिथियन के एलान होखे के प्रतीक्षा करत रहे लो। हालांकि, उम्मीदवारन के इंतजार के समय-सीमा अब एक बेर फेर से बढ़ गइल बा। नीट पोस्ट ग्रेजुएट 2022 के परीक्षा क्वालीफाई कs चुकल उम्मीदवार मेडिकल काउंसलिंग कमेटी माने एमसीसी के आधिकारिक वेबसाइट mcc.mic.in पs काउंसलिंग के नया तिथियन के बारे में अपडेट खातिर विजिट करत रहीं।

सुप्रीम कोर्ट देले रहे नीट पीजी काउंसलिंग के हरियर झंडी

हालांकि, एह बीचे, सुप्रीम कोर्ट से हाले में नीट पीजी काउंसलिंग प्रक्रिया के हरियर झंडी मिलल रहे। उम्मीदवारन के ओर से दायर याचिका के खारिज कइल गइला के बाद नीट पीजी काउंसलिंग 01 सितंबर से सुरु होखे के उम्मीद बढ़ गइल रहे। नीट पीजी 2022 खातिर काउंसलिंग प्रक्रिया के संचालन मेडिकल काउंसलिंग कमेटी (MCC) के ओर से कइल जाई। एमसीसी नीट पीजी एमएस आ एमडीएस 50 प्रतिशत ऑल इंडिया कोटा आ 100 प्रतिशत डीम्ड / केंद्रीय विश्वविद्यालय कोटा खातिर ऑनलाइन काउंसलिंग / आवंटन प्रक्रिया के अस्थायी कार्यक्रम जारी कइले रहे, जवना के अब टाल दिहल गइल बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]