[the_ad_group id="30365"]

Akshay Kumar स्वतंत्रता दिवस पs हेटर्स के दिहले झटका, अब केहु नागरिकता पs नाहीं उठाइ सवाल

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

भारत के जनता आजु 77वां स्वतंत्रता दिवस मना रहल बा। एह मौका पs सभे जोश आ उत्साह से भरल बा। स्वतंत्रता दिवस के लेके बॉलीवुड में भी अलग-अलग उत्साह देखाई देता। बॉलीवुड स्टार अलग-अलग तरीका से स्वतंत्रता दिवस मनावत बाड़े। एही बीच बॉलीवुड खिलाड़ी कुमार अपना एगो इंस्टाग्राम पोस्ट से प्रशंसकन में हलचल मचवले बाड़न। अक्षय कुमार अब भारतीय नागरिक बन गईल बाड़े। एह अभिनेता के भारत के नागरिकता मिल गइल बा।

अक्षय आपन नागरिकता देखवले

अक्षय कुमार के स्वतंत्रता दिवस के शुभकामना पोस्ट हेटर्स शुभकामना खातीर बड़ झटका के रूप में आईल बा। जवन लोग अक्षय कुमार के नागरिकता पs सवाल उठावत रहले, अभिनेता ओ लोग के बोलती बंद क देले बाड़े। अक्षय सोशल मीडिया पs एगो पोस्ट शेयर कईले बाड़े, जवना में उ नागरिकता प्रमाणपत्र के तस्वीर पोस्ट कईले बाड़े। एकरा संगे-संगे उ कैप्शन में लिखले कि, ‘दिल आ नागरिकता दुनु हिंदुस्तानी स्वतंत्रता दिवस के हार्दिक शुभकामना।’

एकरा से पहिले अक्षय के कनाडा के नागरिकता रहे

याद दिला दीं कि अक्षय कुमार के पहिले कनाडा के नागरिकता रहे, भारतीय ना। उनकर फिलिम लगातार फ्लॉप होत रहे जवना के बाद उ कनाडा में बस जाए के फैसला कईले, लेकिन ओकरा बाद एक बेर फिर उनुकर सिक्का बॉलीवुड में चले लागल अवुरी उ भारत छोड़ के कनाडा ना जा पवले। बहुत दिन ले अक्षय भारतीय नागरिकता खातिर कोशिश करत रहले। आखिर अब उनुका भारतीय नागरिकता मिल गईल बा।

अक्षय से सवाल पूछल जाला

कनाडा के नागरिकता के चलते हेटर्स भी उनुका देशभक्ति पs कई बेर सवाल उठवले रहले। अक्षय एह सवालन के जवाब देबे से कबो ना हिचकले। उ खुल के कनाडा के नागरिकता लेवे के कारण बतवले रहले। एकरा संगे उ इहो बतवले रहले कि उ भारतीय नागरिकता खातीर आवेदन कईले बाड़े, जवन कि अब उनुका मिल गईल बा। अक्षय कुमार के प्रशंसक एह खबर से बहुते खुश हो जइहें। हाल ही में अक्षय कुमार के फिल्म ओएमजी 2 रिलीज भइल बा। अक्षय एह फिलिम में शिव के गण के किरदार में लउकत बाड़न। एह फिलिम में उनुका साथे यामी गौतम आ पंकज त्रिपाठी मुख्य भूमिका में बाड़े।

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]